विष्फोटक पदार्थ सहित दु जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा २४ कातिक
विस्फोटक पदार्थ सहित दु जने पकडाईल बाडन । इलाका प्रहरी कार्यालय जितपुर से खटल प्रहरी टोली बारा के जितपुर सिमरा उप–महानगरपालिका वार्ड नं.५ लल्का पुल लगे सडक खण्ड मे सवारी साधन आ पैदल चलेवाला लोग के चेकजाँच करे के बेर मे पकडाईल बा ।
वीरगंज से चितवन के ओर जारहल ना ७ ख ६०४१ नं. के यात्रु बाहक बस के डिकी मे राखल मर्चा के बोरा मे लुका के राखल मिलल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहले बानी ।
जिल्ला बारा फेटा गाँवपालिका वार्ड नं.१ त्रिवेणी के २८ बरीस के लालबाबु दास आ २७ बरीस के कन्हैया दास बस के पछाडीके डिक्की के भितर मर्चा के बोरा मे लुका छिपा के राख के लेजारहल अवस्था मे नागिन पटका ४० बण्डल, विष्फोटक पदार्थ बनावेवाला गन्दक जइसन भईल पियर पदार्थ एक किलो पाँच सय ग्राम आ सुहागा जईसन देखेवाला सफेद पदार्थ छव किलो नव सय ग्राम मिलल प्रवक्ता मिश्र जानकारी करावले बाडन ।
पकडाईल दुनु जने के बारा जिल्ला अदालत से विष्फोटक पदार्थ अन्तर्गत कसूर मे पहिलका बेर ५ दिन के म्याद थप करा के अनुसन्धान कईल जारहल बारा पुलीस जनकारी करावले बा ।






