समय मे काम पूरा ना करेवाला ठेकेदार के जरिवाना

वीरगंज २४ कातिक
बारा जिल्ला के पथलैया से वीरगंज के आइसिपी तक ६ लेन सडक खण्ड के ठेक्का लेके समय मे काम ना करेवाला ठेकेदार कम्पनी युनाइटेड बिल्डर्स के रु एक करोड ६८ लाख जरिवाना कईल व्यापारीक मार्ग विस्तार योजना कार्यालय पथलैया जनवले बा ।
तीन बरीस भितर पुरा करेके लक्ष्य सहित २०६९ साल मे निर्माण सुरु कईल वीरगंज पथलैया २६ किलोमिटर उ सडक खण्ड के निर्माण काम के ठेक्का लेके समय मे काम पुरा ना कईला से युनाइटेड विल्डर्स के कारवाही स्वरुप उ रोपेया जरिवाना कईल कार्यालय के सूचना अधिकारी तथा इन्जिनीयर विवेक झा बतवनी ।
पथलैया वीरगंज व्यापारीक मार्ग नामाकरण करके दु बरीस मे पुरा करेवाला किसिम से निर्माण सुरु कईले रहनी ।
सङ्घीय सरकार के साढे ५ अरब के लगानी मे उ सडक खण्ड के ठेक्का लेहल युनाइटेड विल्डर्स भुक्तानी भी लेके समय मे काम ना कईला से उ कारवाही कईल सूचना अधिकारी झा के कहनाम बा ।
ठेक्का सम्झौता होके समय मे निर्माण काम पुरा ना भईला के बाद चार–चार बेर फेनु म्याद थपईला पर भी तोकल गईल समय मे काम पुरा ना कईला से बाध्य होके सरकार कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावल दोसर इन्जिनीयर सम्पतलाल दास बतवनी ।
उ व्यापारिक मार्ग ४ बरीस पहिले हि पुरा होखेमे अभी तक पुरा होखे ना सकला पर वीरगंज पथलैया औद्योगिक करिडोर के उद्योगी व्यवसायी प्रभावित होत आईल बा ।
एने वीरगंज पथलैया सडक खण्ड के परवानीपुर तक सडक बनावे के ठेक्का मिलल पप्पु कन्स्ट्रक्सन ठेक्का नम्बर १ अन्तर्गत के काम पुरा ना करके अटेर कईला से कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावल उ कार्यालय जनवले बा ।
कारवाही प्रक्रिया रोके खातिर पप्पु उच्च अदालत जनकपुर के अस्थायी इजलास वीरगंज मे मुद्दा डालल उ कार्यालय जनवले बा ।
“कालोसूची मे रहल पप्पु कन्स्ट्रक्सन खुद भी काम ना करेके आ दोसर के भी काम करे ना दि । राजनीति आढ मे बाधा अवरोध खडा कईले बा”, कार्यालय के कर्मचारी के कहनाम बा ।
उ सडक के निर्माण करेके ठेक्का मिलल आउर ठेकेदार कम्पनी मेसे कुछ रास्ता मे खाल्डाखुल्डी बनाके अलपत्र छोडला के बाद उ सडक मे मालबाहक गाडी के आवतजावत करेमे कठिनाइ भईला के साथे धुरा उडला पर यात्रुलोग के स्वास्थ्य मे गम्भीर असर पडल बा ।
समग्र मे उ व्यापारिक मार्ग के निर्माण काम ६५ प्रतिशत पुरा भईला पर भी बाँकी काम असार मसान्त तक मे पूरा ना कईला पर ठेक्का मिलल आउर ठेकेदार कम्पनी के कालोसूची मे राख के कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावे के योजना प्रमुख मनिषकुमार साह बतवनी ।
बढल सवारी चाप के मध्यनजर करत उ दु लेन सडक के विस्तार करके ६ लेन के सडक निर्माण करे लागल बा ।
ई क्षेत्र मे सब से बेसी सवारी चाप रहला से उ सडक के निर्माण भईला के बाद औद्योगिक करिडोर मे सवारी साधन के चाप घटेके तथा उद्योगी व्यापारी के आपन सामान ओसारपसार करेमे सजिलो होखी ।
पथलैया से आइसिपी तक दु खण्ड मे निर्माण हो रहल उ व्यापारिक सडक मे तीन गो पुल निर्माण हो रहल बा ।
उ सडक निर्माण काम समय मे पुरा ना भईला पर सवारी साधन के चाप से दुर्घटना होखेके, रास्ता चलला पर यात्रु के स्वास्थ्य मे प्रतिकूल असर पर के श्वासप्रश्वास रोग के शिकार होखेके, सडक वारपार करेमे समस्या होखेवाला भईला से समय मे सडक निर्माण करे खातिर ई क्षेत्र के बासिन्दा के माग बा ।





