वीरगंज से लागूऔषध सहित ३ जने पकडईलें

भोटा. संवाददाता

वीरगंज २३ असाढ,

वीरगंज से लागूऔषध कोरेक्स सहित तीन जने पकडाईल बाडन । भारत के रक्सौल से वीरगंज बसपार्क ओरी आवेके समय मे वीरगंज महानगरपालिका–१९ से दु जने भारतीय नगारिक सहित तीन जने के लागूऔषध सहित नियन्त्रण मे लेहल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

पकडाएवाला मे बारा के बिश्रामपुर गाँवपालिका–५ नकटुवा रहेवाला ४५ बरीस के वीरेन्द्रकुमार, भारत के मोतिहारी पूर्वीचम्पारण बिहार पंटोका पञ्चायत–१ भलुवाहा रहेवाला २१ बरीस के वकिल पासवान आ उहे जगहा के वार्ड नम्बर ४ भरतमही रहेवाला ३४ बरीस के राजकुमार दास बाडन । बीआर ०५ एन ८१८५ नम्बर के मोटरसाइकल मे आ रहल अवस्था मे उलोग के साथ से १२० बोतल कोरेक्स बरामद भईल पुलीस जनवले बा । नियन्त्रण मे लेहल तीनु जने विरुद्ध लागूऔषध मुद्दा दर्ता करके आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।