क्यू.आर.टी.के ईन्चार्ज कुशवाहा मचवलें आतंक, सम्बन्धित निकाय मौन

वीरगंज २५ कातिक

पर्सा जिल्ला मे टाईगर टोली के नाम से परिचित रहल क्यू.आर.टी. के पुलीसलोग सर्वसाधारणसब के अनेकन किसिम के डर धम्की देके पईसा असुले मे लागल समाचार मे जनावल गईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा तस्करी नियन्त्रण तथा समाज मे हो रहल अनेकन किसिम के अपराधिक घटनासब के नियन्त्रण करे खातिर क्यू.आर.टी. खटवले बा ।

माकिर उ टोली के ईन्चार्ज प्रहरी हलदार देवदत्त कुहवाहा लगायत उनकर मातहत मे रहल पुलीसलोग तस्करलोग से साठागाठ राखत महिना के लाखो रोपेया असुले मे लागल घटना सार्वजनिक भईल बा ।

सर्वसाधारण आदमी तथा ग्रामीण क्षेत्र के व्यपारीलोग वीरगंज से आपन दोकान के खातिर वीरगंज से सामान किन के लेगईला पर रास्ता मे रोक के बिल भरपाई लगायत के कागजातसब माँगत झमेला खडा करके पईसा लेरहल पर्सा धोरे के एक व्यपारी राजबली साह सिकाईत कइले बानी ।

एहितरे पर्सा जिल्ला के ग्रामीण सिमावर्ती क्षेत्रसब मे घर भईल आदमीसब आपन घर से खाद्यान्न लगायत के सामानसब लिअईला पर भी टाईगर टोली के पुलीसलोग हैरान कर रहल सिकाईत बढल बा ।

क्यू.आर.टी. ईन्चार्ज बनल कुशवाहा तस्करलोग सँगे मासिक रुप मे नजराना बुझला पर भी उनकर मातहत के पुलीसलोग अलगे तस्करलोग के धम्काके पईसा लेरहल वीरगंज छपकैया के एक तस्कर नाम ना छापेके शर्त मे बतवले बाडन ।

“ईन्चार्ज कुशवाहा के मासिक ५० हजार देवेनी माकिर उहे टोली मे खटेवाला पुलीसलोग बारम्बार अपने के सामान पकडके बुझा देम कहत धम्की देत पर्ईसा लेरहल” बतावत उ तस्कर “हमनी ईन्चार्ज के जब महिनावारी देत बानी, तब उनकर पुललीसलोग के भी कहाँ से दिं ? ओमे भी क्राईम शाखा के पुलीस के भी माग देवेके पडेला” कहनी ।

ईन्चार्ज कुशवाहा एतना तक आतंक मचईला पर भी पर्सा प्रहरी के उच्च अधिकृतलोग के ध्यान ना गईला से उलोग उपर भी अनेकन किसिम के शंका उपशंका हो रहल बतावल गईल बा ।

पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त अपराध नियन्त्रण तथा तस्करी रोके खातिर पुरे जिजान से लागला पर भी उनकर मातहत के कुछ भ्रष्ट कर्मचारीलोग के चलते उनकर भी नाम बदनाम हो रहल स्थानियवासीलोग बतावेलन ।

एकरा उपर समय मे हि सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगल जरुरी रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।