ठेक्दार के लापरवाही से धुरा उडला से नहर के नजिक रहल गाँव मे परेशानी बढल

प्रभु यादव

बारा २८ कातिक
बारा के गण्डक नहर के किनार पर रास्ता निकालल जारहल जगह मे धुरा उडला से गाँव मे लोग के परसानी बढल बा ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका, आदर्शकोतवाल गाँवपालिका, पचरौता नगरपालिका आ कलैया उपमहानगरपालिका के नहर से जुडल गाँव सब मे रास्ता पर चलरहल गाडी के धुरा उडला से लोग के सास्ती भोगे के परहल बा ।

बारा आ पर्सा मे ६१.९ किलो मिटर पिच करे के खातिर शिवालय दिवा कन्ट्रकसन के लेहल ठेक्का पेटी कन्टेकट मे रविकन्ट्रक्सन धनकौल सर्लाही लेके काम सुरू कईले बा ।

बारा आ रौतहट के सिमाना अडुवा नदि से मटिअर्वा तक काम सुरू कईल जवना जगह परेवाला गाँव मे धुरा से परिसानी कर रहल स्थानिय लोग सिकायत कईले बा ।

बसवरीया से पिप्राढी बेनौली तक रास्ता मे धुरा धुरा भईला से रास्ता पर गाडी चलला पर घर घर मे धुरा पइसल कोतवाली के साविर आलम सिकायत कईले बानी ।

ठेक्का लेहल कम्पनी रास्ता मे पानी पटावत रहे के आ गर्दा नाउडे देवे के कईल व्यवस्था के ना मान के टिपर चलावला से जनता के आख कान भरला से दुखाये के समस्या सब रहल स्थानिय लोग सिकायत कईले बाडन ।

हिन्दु सब के महान पवनी दियरीबाती आ छठ पुजा के नजदीक आईले से घर लिपपोत के सफा बनावल सब गर्दा से फोहर भईल सिकायत स्थानी दुर्गा देवी जनकारी करावले बानी ।

प्रजेक्ट के मनेजर सन्जु राय पानी टयाकर विगड गईला से कुछ परसानी वढल बा जनकारी करावले बानी ।

आपना सब के काम चलरहल जगह मे तीन गो पानी टयाकर राखल गईल बा माकिर दु गो विगडल बा एक गो से पानी पटावल जारहल बा जवना से कुछ परसानी पुगल राय जनकारी करावले बानी ।

गाडी व्यवस्थाप ईन्चार्ज राकेश तिवारी निजगढ से टिपर सब आरहल बा जवना से कुछ परसानी बढवे करी जनकारी करावले बानी ।

बुध के दिन सिम्रौनगढ के कोल्ड स्टोरेज नजिक के दुकनदार अउरी जनता टिपर सब के रास्ता मे घेरले रहल माकिर समझा बुझा के सञ्चालन मे लेयावल गईल तिवारी जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।