हिन्दू परिषद नेपाल गौ तस्करी आ गौ हत्या के विरुद्ध कईलख प्रदर्शन

वीरगंज १४ माघ,

हिन्दू परिषद नेपाल के आयोजना मे आजु गौ तस्करी आ गौ हत्या के बारे मे वीरगंज मे जुलुस प्रदर्शन भईल बा ।
घण्टाघर से सुरु भईल उ जुलुस माइस्थान, महाबिरस्थान, अलखियामठ, घडिअर्वा पोखरी होत नगर परिक्रमा करके फेनु घण्टाघर मे पुग के कोणसभा भईल रहे । केन्द्रिय अध्यक्ष संतोष पटेल के नेतृत्व मे भईल उ जुलुस मे अनेकन क्रियाशिल धार्मिक संघ–संगठन के अगुवालोग सहभागी रहल रहे ।

कोणसभा के सम्बोधन करत राष्ट्रिय अध्यक्ष पटेल कुछ माफिया आ राजनीतिक दल के आड मे देश मे गौ तस्करी हो रहल दाबी करत गौ तस्करी ना रुकला पर देश भर हि आन्दोलन करेके चेतावनी देहनी ।

वीरगंज क्षेत्र से हो रहल गौ तस्करी बारे मे पर्सा के सभी सुरक्षा निकाय के प्रमुख एवं भारतीय दूतावास वीरगंज के जिम्मेवार आदमी के जानकारी करावल बतावत भारत से गौ लिया के नेपाल के सिमा होत पाकिस्तान, बांग्लादेश, भूटान जा रहल आ तस्करी भईला पर भी नेपाल सरकार उदासीन रहला मे दुःख जनवनी । उ सभा मे नेपाल ज्योतिष परिषद के केन्द्रिय सह–महासचिव पुरुषोतम दुबे, रामराज परिषद नेपाल के केन्द्रिय संयोजक धर्मेन्द्र पटेल, हिन्दू स्वयंसेवक संघ के कृष्णा चौरसिया, हिन्दू परिषद नेपाल के केन्द्रिय महासचिव अनिरुद्ध सिंह, केन्द्रिय सदस्य श्रीराम उपाध्याय लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

जुलुस मे हिन्दू परिषद नेपाल के केन्द्रिय उपाध्यक्ष बिजय गुप्ता, कोषाध्यक्ष संजय सरार्फ, केन्द्रिय सदस्यलोग सुरेश साह कानू, भरत सरार्फ, उमेश साह कानू, किरण अग्रवाल, सचितनन्द दुबे, पर्सा जिल्ला सचिव अंशु कुमार, प्रबक्ता नीरा झा, वीरगंज नगर अध्यक्ष प्रमोद सिंह सहित हिन्दूवादी अगुवालोग डा. अनिल झा, बिष्णु पटेल, अरबिन्द साह, विशेश्वर पटेल, राजू साह तुरहा, राजेश्वर साह कानू, बिनोद साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।