एक सय जने छठईती लोग के लुगा देहल गईल

प्रभु यादव
बारा ०४ अगहन
बारा कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २१ भोडहा मे छठ पवनी करेवाला जनानी लोग के लुगा देहल गईल बा ।
छठ के पुर्व सन्धया मे आयोजना कईल गईल शुभकामना अदानप्रदान तथा कोभिड–१९ से पिडित सब लोग के लुगा देहल गईल बा ।
भुपु गाविस अध्यक्ष शिवाबिहारी चौधरी के अध्यक्षता आ कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड सदस्य पलटनिया देवी चौधरी के प्रमुख आतिथ्यता मे आ रामअयोध्या यादव के विशिष्ट आतिथ्यता मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
कृषि वन कार्जक्रम बारा के आयोजना आ (एन्टा) (ब्ल्त्ब्” ब्ककयअष्बतष्यल या ल्भउबष् ित्भचबष्बल ष्ल बmभचष्अब) एशोसियसन अफ नेपाली ट्रेराईन ईन अमेरिका नामक संस्था के सहयोग मे सम्पन्न भईल रहे ।
निसहाय आ गरिब विपन्न के सहजोग पर्व मे पुगो जवना से पीडा मे राहत मिलो जवना खातिर राहत देहल जारहल जवन एन्टा संस्था के प्रमुख प्रविनता झा धन्यावाद देवे के साथे अउरी समय मे भि सहजोग करे खातिर वडा सदस्य निहोरा करे के कहनी ।
संस्था के सहजोग वार्ड नमबर २१ के अति बिपन्न, दलित समुदाय के पवनयतीन लोग के एक सय जने के साडी, टिका आ सिन्दुर राहत स्वरुप प्रदान कईल गईल आयोजक संस्था के बारा कोडिनेटर अन्जु चौधरी जनकारी करावले बानी ।
कोभिड–१९ के मार मे परल लोग के खातिर पर्व के समय मे राहत देके घाउ मे मल्हम लगावल जईसन भईल कार्जक्रम मे सहभागी अतिथि महमद आबिद हुसैन लगायत भद्र भलादमी लोग आ–आपन विचार रखले रहलन ।






