धराप मे’ मधेश सरकार : एमाले आ माओवादी सरकार से बाहर निकलेके तईयारी

धराप मे’ मधेश सरकार : एमाले आ माओवादी सरकार से बाहर निकलेके तईयारी

काठमाण्डु २७ बैशाख

पार्टी विभाजन के बाद जसपा नेपाल नेतृत्व के मधेश सरकार धराप मे परल बा । मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव नेतृत्व के सरकार से एमाले आ माओवादी बाहर निकलेके तईयारी कईले बाडन । शीर्ष नेता के निर्देशन ईन्तजार कर रहल दुनु दल के नेतालोग प्रदेश सरकार से समर्थन फिर्ता आ नयाँ सरकार गठन के गृहकार्य मे लागल बा ।
नयाँ सरकार गठनबारे एमाले आ माओवादी बीच बियफे के दिने जनकपुर मे वार्ता भी भईल बा । स्रोत के मुताविक मुख्यमन्त्री पहिले एमाले कि माओवादी के होखेके टुंगो लागेके बाँकी बा । ‘मुख्यमन्त्री मे दुनु दल के दाबी बा । ई समाधान होते मातर मुख्यमन्त्री यादव के देहल समर्थन फिर्ता लेहल जाई आ नयाँ सरकार गठन कईल जाई,’ स्रोत कहलख । नयाँ सरकार के स्वरूप, सरकार मे सहभागी दल के सुनिश्चितता आ मुख्यमन्त्री मे आलोपालो लगायत विषय मे भी एमाले आ माओवादी बीच छलफल जारी बा ।
माओवादी मधेश प्रदेश संसदीय दल के नेता भरतप्रसाद साह आन्तरिक छलफल मे रहल बतवनी । ‘अध्यक्षज्यू ‘वेटिङ’ मे बानी,’ कहत उ, ‘निर्देशन मिलते मातर मधेश मे सत्ता समीकरण बदलेके सम्भावना बा ।’ आन्तरिक छलफल के बाद दलसब बीच परामर्श होखेके उ बतवनी । एमाले नेतालोग भी पार्टी मे छलफल बढवले बाडन । ‘जसपा नेपाल टुक्रा भईला के बाद मधेश सरकार मे फेरबदल होखेके सम्भावना देखल गईल बा,’ एमाले मधेश के संसदीय दल के उपनेता दीपेन्द्र ठाकुर कहनी, ‘समर्थन फिर्ता लेहला के बाद कउन–कउन दल के सहभागिता मे आ केकर नेतृत्व मे सरकार बनावेके बारेमे छलफल हो रहल बा ।’ मधेश प्रदेश मे सरकार गठन के खातिर ५४ सांसद के समर्थन जरुरी पडि । यादव नेतृत्व के सरकार के अभी एमाले, माओवादी, एकीकृत समाजवादी आ लोसपा के समर्थन बा । एमाले के २५, माओवादी के ९, एकीकृत समाजवादी के ७ आ लोसपा के ८ सांसद बाडन । जसपा नेपाल के १९ सांसद भईला पर भी विभाजन के चलते नवगठित जसपा मे केतना सांसद जईहन कहके टुंगो नईखे । विपक्ष मे रहल कांग्रेस के २२, जनमत के ९ सांसद बाडन । एमाले आ माओवादी से साथ छोडला पर भी आपन नेतृत्व मे दोसर सरकार बनावे खातिर मुख्यमन्त्री यादव कसरत मे लागल बाडन । माकिर, उनका के जसपा नेपाल के सभी सांसद, कांग्रेस, लोसपा के साथे एकीकृत समाजवादी के भी साथ चाहिं । ‘एस आ लोसपा नाआके जसपा नेपाल के नेतृत्व मे दोसर सरकार गठन कठिन देखल गईल बा,’ जसपा नेपाल प्रदेशसभा प्रमुख सचेतक रामआशिष यादव कहनी, ‘सभी खेल केन्द्र से हो रहल बा । मधेश मे जसपा नेपाल के सरकार संकट मे परला पर हमनी के पार्टी के टुक्रा कईले बा कहके स्पष्ट होखी ।’
२०७९ पुस २७ मे मुख्यमन्त्री मे नियुक्त भईल यादव ओकरा एने लगातार मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री बाडन । करिव १६ महिना कार्यकाल मे मुख्यमन्त्री यादव चार बेर विश्वास के मत लेहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।