जीतपुरसिमरा उपमहनगरपालिका कार्यालय मे वार्ड अध्यक्षद्धारा तालाबन्दी

प्रभु यादव

बारा ०९ अगहन
बारा जिल्ला स्थित जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २३ के वार्ड अध्यक्ष उपमहानगरपालिका कार्यालय के मेन गेट मे करिब ३ घण्टा तालाबन्दी कईले बानी ।

दु बरीस पहिले वार्ड नम्बर २३ मे नगरपालिका के बजेट से झुलुङ्गे पुल बनावे खातिर ठेक्का करके शिलान्यास कईल माकिर काम सुरु ना भईल कहत वार्ड अध्यक्ष उपमहानगरपालिका के मुल गेट मे तालाबन्दी कईले बाडन ।

तीन गो टोल के करिब चार सय से बेसी स्थानीय के वार्ड कार्यालय से जुडेवाला किसिम से निर्माण करे लागल ई योजना के काम मे भईल देरी के विरुद्ध मे खुदसब उपमहानगरपालिका मे ताला बन्दी कईल वार्ड अध्यक्ष असलम देवान बतवनी ।
एकरा से पहिले भी बेर बेर गाँवकलोग पुल बनावे के काम तत्काल शुरु करे खातिर पालिका मे आके दवाब देहल माकिर ओकरा के बेवास्ता कईल कहत खुदसब बाध्य होके तालाबन्दी कईल उ जानकारी देहनी ।

उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख कृष्ण पौडेल के पहल मे दशहरा पहिले हि काम शुरु होखेके कहके भईल सहमति दशहरा, दिपावली आ छठ पर्व बितला पर भी शुरु ना भईला के बाद गाँवकेलोग के सहजोग मे वार्ड अध्यक्ष देवान पालिका के मुख्य गेट मे ताला बन्दी कईले रहनी ।

करिब २७ लाख के लागत मे बनेके कहल ई योजना के काम एस.के. ईन्जिनियरिङ्ग ईन्डट्रिज बुटवल रुपन्देही २०७७ भादो १ गते भितर काम पुरा करेवाला किसिम से २०७६ फागुन २२ मे सम्झैता कईले रहे ।

ई योजना से जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २३ के भलुहि, ताजपुर आ दालमिल जोडेवाला रहल वार्ड अध्यक्ष देवान जानकारी देहनी ।

एने जीतपुरसिमरा उपमहानरपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अकिधृत तजकुमार पोखरेल दिपावली से पहिले ठेकेदार से बात भईल आ ठेक्केदार छठ के बाद काम शुरु करेके जानकारी देहल बतवले बानी ।

शिलान्यास के बाद लकडाउन भईला के कारण देखाके काम मे देरी कईल ठेक्केदार अब जलदी हि काम पुरा करेके कहल आ खुदसब ठेक्केदार के दैनिक सम्पर्क मे रहल उ जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।