मालपोत कार्यालय बारा के कर्मचारीलोग सेवाग्राही के लुट रहल, अधिकृतलोग कार्यालय छोड के आपन निजि काम मे व्यस्त

प्रभु यादव

बारा ११ अगहन

बारा के मालपोत कार्यालय मे जिम्मेवार कर्मचारी लोग दायित्व विहिन बनत जारहल बाडन ।

कार्यालय मे प्रमुख सहित तीन जने अधिकृत भईला पर भी केहु ना रहला से जिम्मेवारी मिलल नायव सुब्बा के लापरवाही आ घुसखोरी निति के चलते सेवाग्राही लोग के काम मे ढिला सुस्ती भईल कामकरावे आईल लोग के सिकायत रहल बा ।

माकिर उनका मातहत के हरेक फाँट के कर्मचारीलोग दिनदहाडे सेवाग्राही से घुस माग रहल सेवाग्राहीलोग के सिकाईत रहल बा ।

कार्यालय मे जमिन खरिद विक्री भा दिष्टीबन्धक करे खातिर लिखल लेखत के मठ भिडावेला पाँच सय से १०० हजार तक, राजश्व तिरल बैंक भौचर सहित कार्यालय के रसिद कटावेला साथे साथे दु सय, लालपुर्जा मे खातिर मोठ फाट मे फोटो खिचाई दु सय आ पुर्जा बनाई दु सय लेवेके नियम हि बनल वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ के एक सेवाग्राही बतवले बानी ।

लेखन्दास के लिखाई आ सरकार के दस्तुर बाहेक खर्च तिरे के परहल सेवाग्रही सब के सिकायत रहल बा । लेखापढी करेवाला व्यवसायी सब फाटवाला काम करेला खर्च बापत पइसा लेके मात्र काम करेला जनकारी करावले बानी ।

मालपोत कार्यालय मे काम करेला झाल झाल मे रोपेया सहित फाईल पेठावला पर मात्र काम होखेला कलैया उपमहानगरपालिका १३ के प्रमहंस राउत सिकायत कईले बानी ।

नाम ना छापे के सर्त मे कर्मचारी सब मे घुस के बानी परगईल वंशाणु गुण जईसन भईल जनकारी करावले बानी । कोभिड १९ के लेके बारा के पालिका सब के मालपोत कार्यालय मे काम करावे आवेला दिन बेरावल बा माकिर पलहा ना परल दिन पर राजिष्टेशन पास करावे आईला पर आउरी फाट के काम छोड के पास कराई एक हजार से पाँच हजार तकले अधिकृत लोग लेके पास कर रहल सेवाग्राही लोग जानकारी करावले बानी ।

नायब सुब्बा कौशल कुमार झा के फाँट मे रहल नामसारी के फाईल सहरजिमिन करेला एक वरीस से ना कर के जालझेल लगा के आलटाल करहल कोल्हवी नगरपालिका वार्ड नम्वर ७ धोधर्पा के प्रमिला कुमारी चौधरी जनकारी करावले बानी ।

मालपोत कमाउ अड्डा भईला से पइसा खर्च कर के आवेला आ लागल रोपेया के दस गुणा जाल झेल कर के कामरहल बा ।

कार्यालय प्रमुख रामकृष्ण उप्रेती से जानकारी लेहला पर हम छुटी लेके घर आईल बानी, काम करेला दु जने अधिकृत रहल बाडन सेवाग्राही के काम ना रूकी कहके जानकारी देहनी ।

कार्यालय मे काम करहल नायव सुब्बा प्रमोद अधिकारी से जानकारी लेहला पर कार्यालय प्रमुख अस्वस्थ्य भईला से घरे गईल बानी ।

मालपोत अधिकृत सुमन चौधरी अड्डा के काम से अदालत मे गईल बाडन आ कम्पयुटर अधिकृत कमोद तिवारी आपन नजदिक के लोग के वियाह मे गईल जनकारी देहनी ।

सेवाग्राही लोग के काम मे रोकावट ना होखो ओकरा खातिर पूरा लाग के सेवा देरहल सुब्बा अधिकारी दाबी करत आईल बानी ।

चार आदमी के करेवाला काम एक आदमी करी जवना जगह मे कुछ समस्या आई कहके अधिकारी कहनी ।

फाँटवाला सब से सेवाग्राही से कवनो किसिम के नियम विपरीत काम ना करे खातिर निर्देशन देहल गईल बा ।

कउनो किसिम के गलती कईल मिलला पर कारवाही करे के सुब्बा अधिकारी दाबी कईले बानी ।

कार्यालय के मोठ फाँट मे कुछ रकम सम्बन्ध मे सिकायत बाहर सुनल जारहल स्विकारत जवना खातिर कार्मचारी सब के चेतावनी देहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।