नाका खोले के माग करत ज्ञापन पत्र बुझावलख परिवार दल

प्रभु यादव
बारा १३ अगहन
बारा के सीमा नाका खोले के माग करत नेपाल परिवार दल बारा सशस्त्र प्रहरी के ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।
देवताल गाँवपालिका के कार्यसमिति के अगुवाई मे ज्ञापनपत्र बुझावल गईल बा ।
सिम्रौनगढ, कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १० के मतिअर्वा, विश्रामपुर के बरैनिया सहित जिल्ला मे रहल नाक सब खोलेला कार्यसमिति सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल बोर्डर आउट पोस्ट दक्षिण झिटकैया के ज्ञापनपत्र बुझावले बा ।
कार्यसमिति से ज्ञापन पत्र मे कोरोना माहामारी से अभि तकले सीमा नाका बन्द रहला से आम सर्वसाधारण जनता सब बहुते कठिनाई के साथे बहुते अधिका महगाई के भार बोक के दैनिक उपभोग्य समान सब किने मे कठिनाई भईल जनावल गईल बा ।
किसान सभे के आवश्यकता रहल मल खाद्य लेयावे मे कठिनाई होरहल जनावल गईल बा ।
नेपाल परिवार दल देवताल गाँवपालिका के कार्यसमिति से सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल बोर्डर आउट पोस्ट दक्षिण झिटकैया के प्रहरी नायब निरीक्षक गणेश बहादुर थापा के ज्ञापनपत्र बुझावले रहल ।
बोर्डर आउट पोस्ट दक्षिण झिटकैया मार्फत जिल्ला मे ज्ञापनपत्र पुगजाई बारा अध्यक्ष रामचन्द्र चौधरी जनकारी करावले बानी ।
ज्ञापनपत्र बुझावे पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष रामचन्द्र चौधरी, सचिव अच्छेलाल राम, प्रवक्ता उपेन्द्र पासवान, देवताल कार्यसमिति के संयोजक कनक चौधरी, सदस्य भोला सहनी, रामबाबु सोनार, अषुतोस चौधरी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






