जबरजस्ती करणी के घटना मे पुलीस असहजोग कर रहल पिडित परिवार के आरोप

प्रभु यादव
बारा ११ असाढ
बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका वार्ड नं २ मे एगो पाँच बरीस के लइकी उपर जबरजस्ती करणी भईल सात दिन के बाद खबर बाहर आईल बा ।
असार ३ गते रात करिब ९ः३० बजे के समय मे ऊँख के खेत मे भईल ई घटना मे पुलीस सुरु से हि सहजोग ना कईल पीडित के आरोप बा ।
अचानक लइकी रात के समय घर से भुलाईल आ करिब ११ बजे सुनसान सडक मे खुनसे लतपत अवस्था मे निर्वस्त्र अवस्था मे परिवारजन के मिलल बतावल गईल बा ।
पुलीस मे उजुरी देहला पर अपराधी बँचे सकेके कहत खुदसब के पिडा ना सुनल लइकी के बाबु बतवनी ।
“हम एक गरिब आदमी हई, दिनभर रिक्सा चला के खानी ।” कहके बतवनी । पुलीस से सहजोग कईला के बदले उल्टे डेरवारहल भी उ बतवनी ।
घटना स्थल से एक थान साइकल, पुराना चप्पल आ तेल राखल बरतन भी मिलल बतावल गईल बा ।
सामाजिक अभियन्ता बृजेश्वर चौधरीले घटना बाहर ना आईल आ पुलीस के भूमिका बहुते कमजोर देखल गईल बतवनी ।
खुद असाढ ९ गते रात के मात्र जानकारी मिलला से पीडित के सहजोग करे ना चाहल उ बतवनी ।
वार्ड अध्यक्ष तथा गाँवपालिका प्रमुख भी ई घटना के बारे मे बेखबर रहल सुन के आश्चर्य लागल भी चौधरी बतवनी ।






