हरेक बरीस सातोमाई के शक्तिपीठ सब मे लागेवाला मेला ई बरीस ना लागल

मेघराज राय
जीराभवानी १४ अगहन
कोभिड–१९ के महामारी के चलते पर्सा के ग्रामीण भेग मे लागेवाला कातिक शुक्ल चतुर्दशी के सातोमाई के मेलासब प्रभावित भईल बा ।
आजु के दिन जिल्ला वन कार्यालय अन्तर्गत के जंगल मे पाँच गो शक्तिपिठसब मे लागेवाला मेला लागे नइखे सकल ।
ठोरी गाँवपालिका वार्ड ५ मे रहल बाघमोर्चा माई, जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. ५ मे रहल सुगीभार माई, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नं १ मे रहल गादी माई, पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं १ मे रहल कोइलाभाई माई आ पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ३ मे रहल आमोदेवी माई के मेला ई बरीस नइखे लागे सकल ।
जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. पाँच सखुवनिया निवासी मुक्ति दास थारु प्रशासन से मेला लगावे के अनुमति ना देहला के चलते मेलासब ना लागल बतवनी ।
आजु दिन मे मन्दिर मे जल चढाके समान्य रुप मे पूजा अर्चना करेके आ बिहान पूर्णिमा के दिन बली चढाके संस्कृति तथा परम्परा के संरक्षण करेके थारु बतवनी ।
ई सम्बन्ध मे इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के निर्देशन मुताविक मेला लागे ना देवेके सम्बन्धित मेला समिति के सूचना देचुकल बतवनी ।






