दया फाउन्डेशन गम्हरीयाटोल मे राहत बँटलख

मेघराज राय

जीराभवानी १० जेठ

पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ के गम्हरीयाटोल मे रहल अति विपन्न, गरीब, धांगड़(उराँव)समुदाय के परिवार के राहत सामान बाँटल गईल बा ।

दया फाउन्डेशन के आर्थिक सहजोग तथा भीसिएन नामक संस्था के समायोजन मे गम्हरीया टोल के गरीब, लोपुन्मुख अति विपन्न ३६ परिवार के राहत सामान बाँटल गईल सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु बतवनी ।

लकडाउन भईल समय से हि दैनिक ज्यालादारी करेवाला मजदुर, अति विपन्नलोग समस्या मे पडल उ टोल के मजदुर, गरीब, अति विपन्न समुदाय के स्थानीय तह, प्रदेश सरकार के ओरी से राहत के नाम मे अभी तक कुछो ना मिलल बतवले बाडन ।

स्थानीय कुछ युवालोग गाँव मे कोरोना के माहामारी से भी भुखमरी से मरेके अवस्था सृजना भईल कहत सहजोग के निहोरा कईला के बाद सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु के पहल मे भिसीएन नामक संस्था ३६ परिवार के राहत सामान बँटले बा ।

राहत सामान मे १५ किलो चाउर, दाल, आलु, तेल, नुन, हाथ धोवाला साबुन लगायत रहल सामाजिक अभियन्ता थारु बतवनी ।

भीसीएन नामक संस्था के अध्यक्ष दिपक चापागाई आ उपाध्यक्ष राधा मतांगी गरीब परिवार के राहत सामान बँटले रहनी ।

सामाजिक अभियन्ता थारु वार्ड नम्बर १ के गम्हरीयाटोल मे राहत बाँटला पर भी उ टोल आरीपाछि के बेल्डारी, पकडीटोला लगायत के जगहा मे अभी तक भी स्थानीयलोग राहत के नाम मे कुछो ना मिलल आ सहजोग के जरुरी रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।