सखुवा प्रसौनी मे २ दिने स्वास्थ्य शिविर

वीरगंज १८ अगहन,

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका मे आजु से २ दिने स्वास्थ्य परिक्षण शिविर सुरु भईल बा ।

२९ वाँ अन्तर्राष्ट्रिय अपाङ्ग दिवस के अवसर मे अपाङ्गता भईल आदमीसब के खातिर महुवन स्वास्थ्य चौकी मे सुरु भईल शिविर के पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तमाङ उदघाटन कईले रहनी ।

शिविर के पहिलका दिन ७२ जने अपाङ्ता भईल आदमीसब स्वास्थ्य परिक्षण करावल गाँवपालिका कार्यालय के समाजिक विकास शाखा प्रमुख विनोद यादव यादव बतवनी । गाँवपालिका के वार्ड नं. १ से ६ तक के अपाङ्गता भईल आदमीसब के खातिर शिविर संचालन कईल उ बतवनी ।

गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल के अध्यक्षता मे भईल शिविर उदघाटन समारोह मे नेपाल पुलीस के प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त, सशस्त्र प्रहरी के प्रहरी उपरिक्षक राजेन्द्र खड्का, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत संदेश कुमार यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम के सञ्चालन गाँवपालिका स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार कईले रहनी ।

सखुवा प्रसौनी गाँव कार्यपालिका कार्यालय के आयोजना मे संचालित शिविर मे डा. आकाश मिश्रा आ डा. राजन पुरी स्वास्थ्य परिक्षण कर रहल बानी ।

उ अवसर मे शिविर मे सहभागि अपाङ्गता भईल आदमीसब के सम्मान भी कईल स्वास्थ्य संयोजक रौनियारबतवनी । शिविर मे सहभागी अपाङ्गता भईल आदमीसब के गमछा ओढा के सम्मान कईला के साथे सरसफाइ किट भी बाँटल गईल उ जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।