नेकपा एकीकृत समाजवादी एमसीसी विरुद्ध पर्सा, बारा मे कईलख बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज ०१ फागुन
सतारुढ दल नेकपा (एकीकृत समाजबादी) पर्सा के जनसंगठन एमसीसी विरुद्ध एतवार के दिने वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बाडन । प्रदर्शन मे सहभागीलोग राष्ट्रघाती एमसीसी खारेज कर, एमसीसी हमनी के ना चाहिं, एमसिसि के नाम मे वैदेशिक हस्तक्षेप ना चली, गो ब्याक एमसीसी लगायत के नारासब लगवले रहलन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा लगे रहल रातो बङला के बगल से मोर्चा संगठन के कार्यकर्तालोग से सुरु कईल विरोध प्रदर्शन घण्टाघर मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।
कोण सभा मे बोलेवाला वक्तालोग राष्ट्रघाती एमसीसी कउनो भी हालत मे लागु होखे ना देवेके बतवनी । वक्तालोग जनभावना विपरित के एमसीसी बलजबरजस्ती लागु करेके खोजला पर आन्दोलन करेके चेतावनी भी देहले रहलन ।
युवा संघ नेपाल वीरगंज महानगर कमिटी के अध्यक्ष उमेश ठाकुर के अध्यक्षता मे भईल कोण सभा मे युवा संघ के केन्द्रिय सचिव अरुण यादव, केन्द्रिय सचिवालय सदस्य अनिल पटेल, जिल्ला अध्यक्ष भुपेन्द्र साह, दलित मुक्ती संगठन के जिल्ला उपाध्यक्ष अमरदेव पासवान, अनेमा संघ समाजबादी के जोग माया तामाङ लगायत एमसीसी सम्बन्ध मे आपन आपन धारणासब रखले रहलन आ कार्जक्रम के संचालन श्रीलाल कुशवाहा कईले रहलन ।
प्रभु यादव÷
बारा के कलैया मे एमसीसी विरुद्ध जुलुस निकाल के कोण सभा पुरा भईल बा । एमसीसी विरुद्ध नेकपा एकीकृत समाजवादी जुलुस निकलले रहे ।
एमसीसी ना चाहिँ, राष्ट्रिय स्वभिमान के रक्षा कईल जाँव, एमसीसी खारिज होखो नारा सहित पार्टी कार्यालय से निकलल जुलुस नगर परिक्रम कर के भरत चौक पर विरोध सभा कईले रहल रहे । पेशागत महासँघ बारा के अध्यक्ष चन्द्र प्रकाश सुवेदी के अध्यक्षता मे भईल विरोध कोण सभा के प्रमुख अतिथि पोलिटब्युरो सदस्य दिनेश राई, डा. द्धारिका, कौशल सिह, ध्रुव यादव, समाजवदी प्रेस संगठन के केन्द्रिय सदस्य रमेश सुवेदी, अखिल नेपाल महिला सँघ के कमला अधिकारी, किसान सघ के बतहु यादव, अनेरास्ववियू के केन्द्रिय सचिव इमरान आलम, युवा सँघ के अध्यक्ष राम यादव, युवा सँघ के नगर अध्यक्ष हरिओम साह, यातायात के दिपक सापकोटा लगायत के लोग एमसीसी के विरोध मे आपन आपन बात रखले रहनी । कार्जक्रम के संचालन अनेरास्ववियू के जिल्ला अध्यक्ष मुकेश कुशवाहा कईले रहनी आ स्वागत मन्तव्य खेलकुद महासँघ के कृष्णमणि चौधरी कईले रहनी ।






