जागौँ नेपाल मिडिया नेटवर्क प्रदेश २ के संयोजक मे पाण्डेय

बारा १९ अगहन

भ्रष्टचार बिरुद्ध के राष्ट्रिय अभियान नारा के साथ आ सुचना के हक आम जनमानस तक पुगावे खातिर जागौं नेपाल मिडिया नेटवर्क सँजाल गठन भईल बा ।

समाजिक न्याय, सुशासन आ समृद्धि के पक्ष मे भईल सभी किसिम के बढिया पक्षसब के खोजि करेके आ प्रदेश २ मे होखेवाला हरेक खराब काम विरुद्ध खबरदारी करेके उद्देश्य से प्रदेश २ के संयोजक मे बारा जिल्ला निवासी अनिल पाण्डेय के चयन कईल बा ।

जागौँ नेपाल मिडिया नेटवर्क संस्था के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर प्रदेश २ के सह संयोजक मे पर्सा जिल्ला निवासी श्रवण साह, सचिव मे पर्सा के ध्रुवतारा केवट के आजु सबेरे जुम मिटिङ्ग करके केन्द्रिय सँयोजक प्रकास अधिकारी घोषणा कईले बानी ।

प्रदेश नं. २ के हरेक क्षेत्र मे हो रहल खराब काम बिरुद्ध कलम चलाके, लुकाईल आ लुकावल बातसब के बाहर लियावे खातिर जागौं नेपाल मिडिया नेटवर्क के गठन कईल जनावल गईल बा ।

भ्रषटचार बिरुद्ध के अभियान, जनानी तथा लईकालइकी सम्बन्धि हत्या, हिंसा बिरुद्ध के अभियान, कृषि क्षेत्र मे देखल गईल बेथिति बिरुद्ध के अभियान, सार्वजनिक सम्पत्ति हिनामिना बिरुद्ध के अभियान, प्राकृतिक सम्पदासब के संरक्षण सम्बन्धि अभियान, राष्ट्र हित के खातिर बुलन्द आवाज उठावेके अभियान, स्थानिय तह से संघिय तह तक सकारात्मक दबाबा के सँघर्ष करेके अभियान आदी उद्देश्य के साथ जागौँ नेपाल मिडिया नेटवर्क के गठन कईल बा ।

समाजिक क्षेत्र मे योगदान देरहल आ देवे सकेवाला समाजिक अभियान्तासब के प्रदेश समिति बिस्तार आ जिल्ला स्तरीय कमिटि जलदी हि करेके जानकारी देत पाण्डेय राष्ट्र बनावेके अभियान मे सभी के एक जुट होखे खातिर आव्हान कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।