सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया के आयोजना मे लैङ्गिक हिंसा सम्बन्धी जनचेतना मुलक कार्जक्रम

वीरगंज २० अगहन
सामुदायिक सेवा केन्द्र तथा सामुदायिक प्रहरी सेवा छपकैया–२ पर्सा के आयोजना मे “समुदाय प्रहरी साझेदारी” कार्जक्रम अन्तर्गत लैङ्गिक हिंसा विरुद्ध के १६ दिने अभियान कार्जक्रम आजु बजार छपकैया स्थित पंडित रामदेनि तिवारी नेपाल राष्ट्रिय आधारभुत विद्यालय मे लैङ्गिक हिंसा सम्बन्धी जनचेतना मुलक कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया के अध्यक्ष ग्यासुदिन ठकुराई के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि वार्ड नं. १ के कार्यवाहक अध्यक्ष नुरआलम मंसुरी, स्कूल के प्रधानाध्यापक रविन्द्र नाथ तिवारी, प्रहरी चौकी बजारछपकैया के ईन्चार्ज प्रहरी नायब निरीक्षक तिर्थ बहादुर खत्री, राईजिङ्ग वीरगंज नेपाल के अध्यक्ष आरजु खान, न्यू ज्योति युवा क्लब के उपाध्यक्ष बिबेक कुमार गुप्ता, सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया के वरिष्ट उपाध्यक्ष मोहमद अब्दुल हक, सचिव प्रविण बिक्रम शाह, सदस्य अब्दुल कैश मियाँ, अजित कुमार भुजेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
जनानी हिंसा हमनी आपन घर से सुरु होखेवाला भईला से आपन घर मे रहल बेटाबेटी मे भेदभाव, दहेज प्रथा, बहुबियाह, बाझोपन, दुर्ववहार लगायत के चलते पारिवारिक कलह, सास पतोह मे होखेवाला मतमतान्तर, शिक्षा के कमि, गरिबी के चलते शोषण, जातपात के बातसब भी हिंसा हि भईला से सभी जनप्रतिनिधि, समुदाय आ पुलीस मिल के अगाडि बढे खातिर वक्तालोग जोड देहले रहलन ।
सामुदायिक के सचिव प्रविण विक्रम शाह से स्वागत कईल कार्जक्रम के सञ्चाल सदस्य अब्दुल कैश मिया कईले रहनी ।





