खेत मे पुवरा जरईला से उर्वराशक्ति नोक्सान हो रहल

वीरगंज २२ अगहन,

कुछ बरीस एने पर्सा बारा लगायत तराई के जिल्ला मे किसान ‘कम्बाइण्ड हार्वेष्टर मेशिन’ लगाके धान गहुँ काट के खेत मे दवाँ के तथा पुवरा मे आगी लगावे के प्रवृत्ति के चलते जमीन के उर्वराशक्ति नोक्सान होके उत्पादन क्षमता मे कमी आवे लागल बा ।

किसान के मजदूर ना मिलेके, समय के बचत होखी कहके कम्बाइण्ड हार्वेष्टर मेशिन के व्यापक प्रयोग करके धान गहुँ काटेके तथा खेत मे पुवरा छोड के ओमे आगी लगावेवाला भईला से वातावरण मे प्रदूषण फईलेके, माटी के उर्वराशक्ति नोक्सान होखेके तथा माटी मे रहल चिस्यान भी नोक्सान होके गईला के बाद आउर बाली भी लगावे मे समस्या हो रहल कृषि औजार अनुसन्धान केन्द्र जनवले बा ।

वरिष्ठ वैज्ञानिक तथा केन्द्र प्रमुख सचीनकुमार मिश्र कहनी कि, “तराई के जिल्ला मे वितल पाँच÷छ बरीस से किसान धान, गहुँ लगायत के बाली काटला पर कम्पाइण्ड हार्वेष्टर मेसिन खेत मे लेजाएके आ खेत मे धान, गहँु दाँवेके आ खेत मे पुवरा मे आगी लगावत अईला से माटी के उर्वराशक्ति कम होखेके, उर्वराशक्ति बढावेवाला जीवाणु नोक्सान होखेके, माटी मे रहल चिस्यान भी नोक्सान होके जाएवाला भईला से एकर प्रभाव दोसर बेर लगावल जाएवाला बाली मे पड रहल बा ।”

नेपाल मे पहिलका बेर कम्बाइण्ड हार्वेष्टर मेशिन के प्रयोग पर्सा के कौवावनकटैया के किसान काशिम अन्सारी कईले रहनी ।

ई मेशिन के प्रयोग करके धान आ गहँु बाली काटला पर समय आ पईसा के भी बचत होखेवाला भईला के बाद एकर देखासिकी करके आउर किसान भी ई मेशिन के प्रयोग करे लागल बाडन ।

पर्सा आ बारा मे ई मेशिन के सङ्ख्या ३०० के हाराहारी मे बा ।

धान गहुँ के अवशेष व्यवस्थापन करे खातिर किसान राउण्ड बेलर मेशिन के प्रयोग करके पुवरा के बण्डल, गाईबस्तु के खियावे सकेके, पेपर मिल के बेंच के आर्थिक लाभ लेवे सकेके, भुस बनावे सकेके आ एकरा के बेंचके आउरआर्थिक लाभ लेहल जा सकता ।

पर्सा, बारा मे ६० प्रतिशत किसान खेत मे पुवरा जरावला से सरकार धान, गहँु के अवशेष व्यवस्थापन मे ध्यान देवेके माग कईल बा । उ कार्यालय से कईल अनुसन्धान से धान से गहँु काटेवाला बेलर के प्रभावकारिता बेसी फाइदाजनक रहल देखल गईल बा ।

उ कार्यालय कईसे धान, गहँु के अवशेष के व्यवस्थापन कईल जा सकता । उ बारेमे अध्ययन कर रहल बतावल गईल बा ।

उ कार्यालय मेशिन से धान, गहँु, ऊँख लगायत के बाली रोपेके तथा काटेवाला यन्त्र भी प्रयोग मे लिया चुकल बा ।

भारत के सर्वोच्च अदालत किसान से पुवरा खेत मे ना जरावे खातिर रोक लगावल जईसन नेपाल सरकार भी आपन किसान के खेत मे पुवरा जरावे मे रोक लगावल तथा एकर व्यवस्थापन के व्यवस्था मिलावेके माग पर्सा के किसान के बा । उल्था ः रासस

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।