बारा उधोग बाणिज्य संघ कलैया मे मनोयन दर्ता, ३० गते होई मतदान

प्रभु यादव

बारा २२ अगहन
बारा उद्योग बाणिज्य संघ कलैया के कार्यसमिति के खातिर चुनाव अगहन ३० गते होई जवना के उमेदवार लोग मनोयन दर्ता करववले बाडन ।

संघ के कार्यसमिति के बहुते पद के खातिर सोमवार के दिन ४४ जने उमेदवारी मनोयन दर्ता करावले बाडन ।

कार्यसमिति के कार्यकाल ३ बर्ष होखेला पहिलका समिति के कार्यकाल २०७६÷२÷१ मे समाप्त होगईल रहल बारा मे लागेवाला विश्व प्रसिद्ध मेला गढीमाई आ विश्व मे आइल कोरोना महामारी के चलते समय बढत आईल रहल महासचिव जयप्रकाश साह जनकारी करावले बानी ।

चुनाव मे ४४ उम्मेद्बारी दर्ता भईल जवना मे से पुर्ब सहमती के अनुसार राजकुमार साह के अध्यक्ष पद मे चुनलेले बा आ उधोग तर्फ के सचीव पद मे एकल उम्मेद्वारी मंतोष कुमार चौधरी भइला से निर्विरोध भईल बानी ।

उम्मेद्बारी देहल उपाध्यक्ष बाणिज्य तर्फ बैधनाथ साह, रबिन्द्र कुमार सा, बिष्णु प्रसाद उपाध्याय, नवल किशोर साह, प्रदीप कुमार साह, बाणिज्य महासचिव मे रामआशिष साह, बिजय कुमार सोनार(स्वर्णकार), योगेन्द्र प्रसाद दास बाणिज्य कोषाध्यक्ष मे सुरेश कुमार साह तेलि, अजय कुमार बाणिज्य सचिव मे अंजनी कुमार साह, उमेश चन्द गुप्ता, महम्मद कमरुल होदा, शिवजी प्रसाद यादव, शशी भूषण केशरी बाणिज्य सदस्य मे राजकुमार साह,दिनेश प्रसाद, दिनदयाल साह तेलि, रामजी प्रसाद, महेश कुमार मोदक, बाबू योगेन्द्र कुमार, दिपलाल प्रसाद साह, श्याम प्रसाद साह कानु, उमराउती देबि साह, धनिलाल साह, राजकुमार सरार्फ, बिरेन्द्र साह कानु, ओईसही उधोग तर्फ उपाध्यक्ष मे प्रदिप कुमार मैनाली, दिपु प्रसाद गुप्ता उधोग सदस्य मे रामबाबु प्रसाद कुश्वाहा, बिनोद मणि महतो, संजय कुमार साह, मनोज कुमार साह, दिपेन्द्र प्रसाद साह, बिनोद कुमार पाल, महम्मद जमिर आ अरुण कुमार कलवार एशोसिएटस तर्फ सदस्य रामजी कुमार, नरेन्द्र कुमार साह, युगलकिशोर यादव, सुरेश चन्द्र गुप्ता, सुरेश प्रसाद जैसवाल मनोयन दर्ता करावले बानी ।

चुनावी नीति अनुसार अगहन २२ गते मनोनयन फिर्ता करे के आ अगहन ३० गते चुनाव करावे के छलफल कर के सहमति भईल बा चुनाव समिति के सदस्य नागेन्द्र राउत यादव जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।