नेपाली भुमि मे घुस के बालु लोड कर रहल टेक्टर सशस्त्र पुलीस के नियन्त्रण मे

मेघराज राय

रजिराभवानी १० पुस

नेपाली भूमि मे घुस के जवरजस्ती बालु लोड कईल एक भारतीय टेक्टर के सशस्त्र पुलीस आजु नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक पिडारीगुठी स्थित सशस्त्र पुलीस के बोर्डर आउट पोष्ट ओरिया नदी के नेपाल ओरी के भूभाग से बालु लोड कर रहल अवस्था मे एगो भारतीय ट्याक्टर नियन्त्रण मे लेके वीरगंज भन्सार कार्यालय के बुझावल गईल बा ।

सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक बसन्त जिसी के नेतृत्व मे रहल सशस्त्र पुलीस के टोली बीआर २२ जिबी २५९५ नम्बर के बालु लोड भईल भारतीय ट्याक्टर नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ओरिया नदी क्षेत्र से बालु उत्खनन के बिषय मे समय समय मे नेपाल आ भारत के पक्षबीच विवाद उत्पन्न भी होत आ रहल बा । कुछ बरीस पहिले भारतीय के हस्तक्षेप रोके गईल सशस्त्र प्रहरी के हथियार भी छिन के भारतीयलोग भागल रहलन ।

भारतीय पक्ष टेण्डर आह्वान कईला के बाद अभी रोज के सायो संख्या मे ट्याक्टरसब बालु लेवे खातिर ओरिया नदी आरहल आ उलोग नेपाल ओरी से भी जवरजस्ती बालु उत्खनन् कईल स्थानीयलोग बतवले बाडन ।

एहितरे उहे नदी से सशस्त्र पुलीस फेनु एगो टेक्टर पकडले बा । सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोष्ट महादेवपटि से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक केदार राई के नेतृत्व मे गईल गस्ती टोली नेपाली भुमि मे प्रवेश करके बालु लोड कररहल अवस्था मे नम्बर पलेट ना भईल भारतीय ट्रेक्टर पकडले बा ।

पकडल गईल टेक्टर के जरुरी कारवाही के खातिर बीरगंज भन्सार कार्यालय पठावल गईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।