सगरमाथा के उचाइ ८६ सेन्टिमिटर बढल

काठमाडु २३ अगहन,
विश्व के सर्वोच्च शिखर सगरमाथा के उचाइ ८६ सेन्टिमिटर बढल बा । सगरमाथा के नयाँ उचाइ नेपाल आ चीन एके बेर मंगर के दिने सार्वजनिक कईले बा ।
अब सगरमाथा के उचाइ ८८४८.८६ मिटर पुगल नापी विभाग मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे परराष्ट्रमन्त्री प्रदीपकुमार ज्ञवाली घोषणा कइनी ।
उचाइ मापन नेपाल आ चीन अलग अलग कईले रहे । फिल्ड सर्वेक्षण से मिलल तथ्यांक नापी विभाग प्रशोधन कईले बा । चीन के समकक्षी प्राविधिक तथा निर्देशक समिति तह मे छलफल कईल विभाग जनवले बा ।
१० अगहन मे बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक से भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारण मन्त्रालय के उचाइ सार्वजनिक करके स्वीकृति देहले रहे । चीन सँगे समन्वय परराष्ट्रय मन्त्रालय कईले बा ।
एकरा से पहिले के उचाइ ८८४८ मिटर सन् १९५४ सर्वे अफ इन्डिया नपले रहे । सगरमाथा के उचाइ के बारे मे विवाद देखल गईला के बाद सन् २०१० मे नेपाल आ चीनबीच ८८४८ मिटर के हि मान्यता देवेके साझा धारणा बनल बा ।
सगरमाथा के उचाइ नेपाल आ चीन मे एके साथ घोषणा करेके सहमति २०१९ के अक्टोबर मे भईल रहे ।






