स्वच्छ समाज युवा क्लबद्धारा शुभकामना आदान प्रदान

वीरगंज २५ कात्तिक
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ५ बहुअरी टोल स्थित “स्वच्छ समाज युवा क्लब” द्वारा शनिचर के दिने दीपावली तथा छठ पर्व के अवसर मे शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम मे शुभकामना मनतव्य राखत समाज सेवी तथा खेलकुद प्रेमी शिवशंकर पटेल ई क्लब के माध्यम से समाज के सभी आदमीसब एक जगहा मे रहके शुभकामना आदानप्रदान करेके वातावरण मिलावल उपर क्लब के धन्यवाद देहनी । समाज के कार्जक्रम मे राजनीतिक मनस्थिति ना राखे खातिर उ सभी से निहोरा कईनी ।
कार्जक्रम मे अधिवक्ता रामचन्द्र सिंह हमनी मनुष्य भईल नाता से समाज के हरेक आदमी के साथ सहजोग करे खातिर निहोरा कईनी । उ स्वच्छ समाज युवा क्लब से निरन्तर रूप मे समाज के जगावेके काम करत आईल आ आवेवाला दिन मे भी सामाजिक कार्जक्रम करत अगाडि बढे खातिर शुभकामना देहनी ।
एहितरे प्रोफेसर जितेन्द्र वर्मा शुभकामना देत सामाजिक काम मे भी क्लब के क्रियाकलाप अगाडि बढावे खातिर निहोरा कईनी । एहितरे वार्ड सदस्य दारासिंह पटेल शुभकामना देत सभी मे दीपावली तथा छठ पर्व से सुख शान्ति समृद्धि प्राप्त होखो कहके कामना कईले रहलन । एकरा साथे उ सकेभर सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
परवानीपुर गाँवपालिका प्रत्यासी सञ्जु साह गाँव मे शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम के आयोजना करके क्लब सराहनीय काम कईल उपर धन्यवाद देहनी । उ समाज के सभी आदमीसब राजनीतिक, सामाजिक आ आर्थिक रूप मे भी बरियार होखेके बात मे जोड देहनी ।
समाजसेवी भरत ठाकुर शुभकामना व्यक्त करत क्लब के सिफारिस मे हरेक बरीस २५ जने असहाय आदमी के आँख के अप्रेशन आपन खर्च मे करावेके उदघोष कईनी । कार्जक्रम मे डा. प्रमोद यादव, डा. अर्जुन पटेल, समाजसेवी असेस्वर पटेल, माओवादी नेता रामेश्वर पटेल, तेज प्रताप सिंह, सरोज यादव, सुमित शाह, लगायत के लोग शुभकामना देहले रहनी ।
क्लब के अध्यक्ष भूपेन्द्र पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे क्लब के उपाध्यक्ष उमेश साह, सदस्य प्रमोद यादव, मन्दिप यादव, अखिल पटेल, रञ्जित साह, लालबाबु यादव, त्रिलोकी पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे । सचिव त्रिलोक प्रताप सिंह से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे स्वागत मन्तब्य क्लब के कोषाध्यक्ष मुर्तुजा आलम कईले रहनी ।






