सोनो पाईला के बार्षिकोत्सव मे लईकालइकी के छात्रबृत्ति देहल गईल

वीरगंज २४ अगहन,

सानो पाइला के १४ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे वीरगंज मुर्ली के विपन्न परिवार के ३० जने लईकालइकी के छात्रवृत्ति देहल गईल बा ।

कार्जक्रम मे पूर्व मन्त्री एवम् नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्य अजय चौरसिया लईकालइकी के छात्रवृत्ति बाँटत सानो पाइला से समुदाय के सशक्तिकरण मे पुगावल योगदान के सराहना कईले रहनी ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भी रहल चौरसिया कोभिड १९ महामारी के समय मे तीनु तह के सरकार अलमल मे पड रहल समय सानो पाइला तदारूकता के साथ उदाहरणीय काम कईल बतवनी ।

‘जनता उपर दायित्व बोकल सरकार के निकायसब कोभिड १९ महामारी मे भ्रष्टाचारमे लिप्त हो रहला पर सानो पाइला जनता के सेवा मे लागल रहे” कहत चौरसिया, ‘कोभिड से लियावल असहज अवस्था मे समस्या मे पारललोग के भोजन खियावेके, सङ्क्रमितलोग के राखेवाला आइसोलेसन के प्रवन्ध करेके, स्वास्थ्य संस्था के मेडिकल सामान उपलब्ध करावेके आ स्वास्थ्य सम्बन्धी परामर्श दिवेके सानो पाइला के काम उदाहरणीय रहल ।’

नेपाली कांग्रेस पर्सा के सभापति एवम् पूर्वसभासद अजय द्विवेद्वी कोभिड–१९ महामारी विरुद्ध के लडाई मे सानो पाइला उल्लेख्य काम कईल कहत सराहना कइनी ।

संविधानसभा सदस्य एवम् उद्योगी अनिल रुङ्टा आपन १४ बरीस के यात्रा मे सानो पाइला समाज मे अभूतपूर्व प्रभाव जमावेमे सफल भईल बतवनी ।

सानो पाइला सामाजिक, आर्थिक आ राजनीतिक मुद्दा मे भी विचार आ बहस के माध्यम से खुदसब के अब्बल साबित कईल बतावत सानो पाइला आउर उँचाइ मे पुगो कहके कामना कइनी ।

पर्सा प्रहरी प्रमुख एसपी गंगा पन्त खुद सानो पाइला सँगे बहुते लम्हर समय से सहकार्य करत आईल बतवनी । ‘कोभिड १९ के महामारी मे सानो पाइला से पुलीस के भी बडका सहजोग मिलल बतवनी । समुदाय मे भी अनुकरणीय काम कर रहल सानो पाइला के पाइला आउर बडका होत जाओ कहके शुभकामना देहनी ।

पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष दीपेन्द्र चौहान भी कोभिड१९ महामारी आ लागु औषधविरुद्ध सानो पाइला से कईल काम के स्मरण कईनी ।

उ अवसर मे सानो पाइला के संस्थापक एवम् सीईओ कञ्चन झा १४ बरीस मे कईल काम आ ओकरा से पारल प्रभाव के बारे मे जानकारी करवले रहनी । झा के मुताविक ई समय मे सानो पाइला सामाजिक काम मे करिब २१ करोड रोपेया खर्च कईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे सामुदायिक सेवा केन्द्र के एक सेट डेस्कटप कम्प्यूटर सहजोग देहल गईल रहे । वार्षिकोत्सव सानो पाइला के सचिव डा शुषमा तिवारी के सभापतित्व मे भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।