महागढीमाई नपा. वार्ड नं. १ के सचिव के पकडे खातिर अदालत के आदेश, सचिव गायब

प्रभु यादव
बारा २८ अगहन
बारा के महागढिमाई नगरपालिका के वार्ड नम्वर १ मे कार्यरत सचिव रामबाबु शर्मा १७ लाख कर्जा लेके बेपत्ता भईल बाडन ।
पीडित पक्ष एतवार के दिन गढीमाई अधारभुत विद्यालय मे पत्रकार सम्मेलन कर के जानकारी देलले बाडन । वार्ड नं २ बरियापुर भनसिया टोल के सचिव शर्मा १७ लाख कर्जा लेके बेपत्ता भईल पीडित पत्रकार सम्मेलन मे बतावले बानी ।
वार्ड सचिव शर्मा आपने गाँव के त्रिलोक प्रसाद साह से घर बनावे खातिर ७ वरीस अगाडि १७ लाख रोपेया कर्जा लेहले रहलन कहके पिडित पत्रकार समेलन मे जनकारी करवले बाडन ।
पत्रकार सम्मेलम मे साह बेर बेर पईसा माँग कईल पर ना देहला से तीन बेर गाँव मे पञ्चायत बईठा के कहला वाद भि पईसा ना मिलला से बाध्य होके अपने अदालत मे मुद्दा दायर कईल जनकारी करावले बाडन । अदालत से अपना जिते भईला वाद वार्ड सचिव शर्मा पईसा ना देहलन साह जनकारी करावले बाडन ।
पीडित पक्ष के कर्जा लेहल शर्मा के अगहन १२ गते अदालत से पकड के अदालत मे उपस्थित करावेला आदेश जारी कईला वाद बेपत्ता भईल बाडन । वार्ड सचिव शर्मा आपन कार्यालय से विदा ना लेके फरार रहल बाडन पिडित साह जनकारी करावले बाडन । पिडित साह वार्ड सचिव शर्मा के पकड के आपन पैसा दियादेवेला चाहे जेल काटवावे के अउरी जागिर खारेज करे के पत्रकार समेलन मे नगरपालिका से माँग कईले बाडन ।
वार्ड अध्यक्ष सुदामा साह से पिडित आपन पीडा सुनावला पर विना सुचना के फरार रहल बा आईला पर कारवाही करावे खातिर अगाडि बढे के जानकारी करावले बानी ।
महागढीमाई नगरपालिका के नियमित कार्यकारी प्रमुख विजय कुशवाहा से पुछला पर विना जनकारी वेपत्ता रहल बाडन माकिर आपना जनकारी भि ना करावले बाडन आईला के वाद पुछताछ कर के कारवाही करे के काम कईल जाई कहके बतावल पिडीत साह जनकारी करावले रहनी ।






