वीरगंज से २१० क्विन्टल पियाज बरामद

वीरगंज ३० अगहन

पर्सा पुलीस वीरगंज से बहुते परिमाण मे पियाज बरामद कईले बा । वीरगंज महानगरपालिका–६ कुम्हालटोल से २१० क्विन्टल से बेसी पियाज बरामद भईल बा ।

बलिरामजी प्रसाद कलवार वीरगंज–६ कुम्हालटोल मे सञ्चालन कईल दोकान से २१० क्विन्टल ४३६ किलो पियाज बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

भन्सार छल के अवैध रुप मे लियावल पियाज बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक ५० किलो के ३ सय ९२ बोरा, १८ किलो के १ सय २ बोरा पियाज बरामद भईल बा । बरामद कईल पियाज के वीरगंज भन्सार कार्यालय मे पठावे के तईयारी हो रहल बा ।

एके बेर बहुते परिमाण मे पियाज बरामद भईला के बाद रक्सौल से गाडी मे हि पियाज आईल हो सकेके आशंका कईल बा ।

वीरगंज मे पाँच किलो पियाज के ४ सय ५० रोपेया पड रहिल बा आ सीमावर्ती शहर रक्सौल मे ओकरा से बहुते समस्या मे पियाज मिलेला ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।