ऊँख किसान आन्दोलन के समर्थन मे वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज ३० अगहन

काठमाण्डु मे जारी ऊँख किसान आन्दोलनत के समर्थन मे वीरगंज मे मंगर के दिने प्रदर्शन कईल बा । वीरगंज के घण्टाघर मे ऊँख किसान के समर्थन मे प्रदर्शन कईल बा ।

सरकार किसान के बाँचे दे, २०६७ पुस १८ गते भईल पाँच बुँदे सम्झौता लागू कर, किसान मारे ना मिली कहके नारा लिखल प्ले कार्ड सहित प्रदर्शन कईल रहे ।

किसान खुन पसिना बहाके उब्जावल ऊँख के भुक्तानी ना देके उद्योगी अन्याय कईल आ सरकार मुकदर्शक बनल प्रदर्शन मे सहभागी जनता समाज पार्टी (जसपा) के युवा नेता ओम प्रकाश सर्राफ बतवनी ।

‘ऊँख किसान के बक्यौता पईसा देत नईखन । किसान जाडा के समय मे खुन पसिना बहाके उब्जावल ऊँख के पईसा मागे खातिर काठमाण्डु मे आन्दोलन मे बाडन,’ उ कहनी, ‘तिनु किसान के माग पुरा होखो कहके किसान के समर्थन मे प्रदर्शन कईल गईल बा ।’

ऊँख किसान संघर्ष समिति से बितल बरीस भईल पाँच बुँदे सम्झौता पूरा ना कईला पर वीरगंज मे चरणबद्ध आन्दोलन करेके उनकर कहनाम बा ।

जसपा नेपाल के केन्द्रीय सदस्य मोनिका सिंह किसान उपर अन्याय करेवाला उपर कारबाही होखेके माग कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।