भारत सरकार से पारित कईल युनियन बजेट २०२०÷०२१ के बारेमे वीरगंज मे छलफल

वीरगंज १४ फागुन,

भारतीय महावाणिज्य दूतावास वीरगंज के आयोजना मे भारत सरकार से अभी पारित कईल युनियन बजेट २०२०÷०२१ से नेपाल के व्यापार मे कईसन असर पडि कहके विषय मे छलफल भईल बा ।

वीरगंज के होटल भिस्वा मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश नं २ के उद्योग, पर्यटन, वातावरण तथा वनमन्त्री रामनरेशराय यादव नेपाल–भारत बीच के सम्बन्ध प्राकृतिक रहल बतावत भारत के बजेट से दु देश बीच सम्बन्ध कईसे बढिया हो सकता उ विषय मे सोंचल जरुरी रहल बतवनी ।

व्यापारिक दृष्टि से सम्बन्ध बनईला पर लम्हर समय तक ना होखेवाला भईला से सामाजिक परम्परागत सम्बन्ध के हि प्रगाढ बनावे के बात मे जोड देत आर्थिक, सांस्कृतिक, धार्मिक सम्बन्ध के प्रगाढ करेके विषय मे दुनु देश से पहल करेके मन्त्री यादव बतवनी ।

कार्जक्रम मे भारत सरकार के बजेट के चतले व्यापार मे सामान्य असर पडल कार्जक्रम मे सहभागी उद्योगीलोग बतवले रहनी । सबसे बेसी जिएसटी के चलते समस्या भोगेके पडल बतवले रहलन । जिएसटी के चलते तिसरका देश से आईल सामान बन्दरगाह मे महीनो तक रोके लगायत के समस्या भागेके पड रहल सिकाईत कईले रहलन । सडक के अवस्था भी जीर्ण बनत गईला से व्यापारीलोग के समस्या हो रहल बतवले रहलन ।

भारत मे व्यापारसम्बन्धी कानून बनईला पर नेपाल के व्यापारी से समन्वय कईला पर सम्बन्ध प्रगाढ होखेके आ व्यापारिक क्षेत्र भी सुदृढ होखेके सुझाव देहले रहलन । भारत के बजेट के चलते कुछ सामान आयात–निर्यात मे समस्या भईल उलोग के सिकाईत रहे ।

कार्जक्रम मे भारतीय महावाणिज्य दूतावास के महावाणिज्यदूत नितेश कुमार सुझाव के भारत सरकार समक्ष पुगावे के बतवनी । भारत सरकार नेपाल के विकास मे पुगावत आईल सहजोग के चर्चा करत भारत सरकार नेपाल के व्यापारिक क्षेत्र के उन्नति के खातिर काम करत आईल दाबी कइनी ।

कार्जक्रम मे वाणिज्यदूत विनोद कुमार लोसाली, डा. कोट्रा स्वामी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पूर्व अध्यक्ष अशोक बैद, वाणिज्यदूत सुरेश कुमार, प्रा. विनोद गुप्ता, वीउवासंघ के महासचिव माधव राजपाल, डा. दीपेन्द्र चौधरी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।