बारा उद्योग वाणिज्य संघ के निर्वाचन शान्तिपूर्ण पुरा

प्रभु यादव

बारा ३० अगहन

बारा उद्योग वाणिज्य संघ के चुनाव मंगर के दिन कलैया मे सम्पन्न भईल बा । सबेरे १० बजे से सुरु भईल मतदान साढे ४ बजे तक चलल रहे ।

मतदान शान्तिपूर्ण सम्पन्न भईल निर्वाचन अधिकृत अधिवक्ता प्रमहंश केशरी जानकारी करावले बानी । मतदान मे कुल भोटर पाच सय ८५ मे से चार सय ८० जने सहभागी भईल अधिकृत केशरी जनकारी करावले बानी ।

सम्पन्न मतदान के मतगणना सझिया के ७ बजे से सभे के सहमती मे सुरू होई जवना के परिणाम सुबह मे आवे के केशरी जनकारी करावले बानी ।

संघ के अध्यक्ष सहित अधिकांश पद मे सर्वसहमति मे निर्वाचित भईल बा । मगरवार के उपाध्यक्ष, महासचिव, कोषाध्यक्ष आ वाणिज्य सचिव के खातिर मतदान भईल बा ।

निर्वाच मे उपाध्यक्ष पद के नवलकिशोर साह आ प्रदिप कुमार साह के विच प्रतिस्पर्धी होई । महासचिव पद के खातिर योगेन्द्र प्रसाद दास आ रामअशिष साह कोषाध्यक्ष पद के खातिर सुरेश कुमार साह तेली आ अजय कुमार विच प्रतिस्पर्धा होरहल ।

ओईसही सचिव वाणिज्य पद के खातिर उमेश चन्द्र गुप्ता, शिवजी प्रसाद यादव आ शशिभुषण प्रसाद केशरी बीच प्रतिस्पर्धा होई ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।