वियाह मण्डप से दुलहा सहित पुरोहित पकडईलें

रौतहट १ पुस,
रौतहट मे बाल वियाह करावल आरोप मे पुरोहित सहित ६ जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे बालवियाह करावेवाला पुरोहित कपिलदेव चौबे, दुलहा मुकेश गिरी, दुलहा के बाबु रामसागर गिरी, काका रामाशेष गिरी, दुलहा के माई लक्ष्मी गिरी आ काकी गीता गिरी रहल बाडन ।
रौतहट के गरुडा नगरपालिका–५ शिवनगर मन्दिर मे होरहल वियाह मे हस्तक्षेप करके पुलीस उलोग के नियन्त्रण मे लेहले बा । इशनाथ नगरपालिका–३ औरैया के पुरोहित चौबे सहित दुलहा आ दुलही दुनु पक्ष के नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा ।
१५ बरीस के लइकी के २४ बरीस के युवक से वियाह करा रहल अवस्था मे उलोग के पकडल गईल प्रहरी उपरीक्षक सिद्धि विक्रम शाह जानकारी देहनी ।
धनसम्पती के प्रलोभन मे पार के लइकी के वियाह हो रहल सूचना के आधार मे उलोग के नियन्त्रण मे लेहल गईल उपरिक्षक शाह बतवनी ।
पकडाईल लोग के बालवियाह सम्बन्धी कसुर मे रौतहट जिल्ला अदालत से तीन दिन के म्याद थप करके जरुरी अनुसन्धान कर रहल उ बतवनी ।





