पर्सा मे कोरोना संक्रमण से २४ घण्टा मे ६ जने के मृत्यु

वीरगंज २४ बैशाख
पिछिलका २४ घण्टा मे वीरगंज के दु गो अस्पताल मे ६ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे ३ जने आ नेशनल मेडिकल कलेज से सञ्चालन कईल बाबा होटल कोरोना अस्पताल ३ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर से पर्सा मे मृत्यु होखेवाला के संख्या ३९ पुगल बा । आउर जिल्ला से ईलाज के खातिर पर्सा आईल आउर १९ जने के वीरगंज मे मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा । वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे वीरगंज– ११ के ५४ बरीस के, कालिकामाई–२ के ५५ बरीस के आ वीरगंज– ११ के ५४ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
वीरगंज– ११ के ५४ बरीस के पुरुष के शुक के सबेरे ७ बजे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे । स्वास प्रश्वास मे समस्या भईला के बाद उनका के बियफे के दिने नारायणी अस्पताल मे लेगईल रहे । नारायणी अस्पताल मे एन्टीजीन परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । अस्पताल मे भेन्टिलेटर ना भईला के चलते वीरगंज हेल्थ केयर मे रिफर कईल शुक के सबेरे उनकर मृत्यु भईल प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
कालिकामाइ के पुरुष वैशाख २२ गते ईलाज के खातिर हेल्थ केयर अस्पताल मे भर्ना भईल रहे । बियफे के दिने कईल एन्टीजीन परीक्षण के समय मे उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । शुक के सबेरे ८ बजे ईलाज के समय मे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।
वीरगंज– ११ के दोसर पुरुष वैशाख १८ गते से हि हेल्थ केयर मे ईलाज करावत रहलन । उहे दिन पीसीआर परीक्षण करईला पर उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बियफे के सँझिया ६ः१० मे उनकर मृत्यु भईल रहे ।
एहितरे नेशनल मेडिकल कलेज से बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोरोना अस्पताल मे वीरगंज– ५ के ७९ बरीस के जनानी, पर्सा के बहुदरमाई के ४० बरीस के आ वीरगंज– २८ बगही के बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज– ५ के जनानी के स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद पीसीआर परीक्षण करईला पर वैशाख १९ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बिहान भईला आउर समस्या भईला के बाद बाबा होटल कोरोना अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । ईलाज के समय मे शुक के सबेरे ११ बजे मृत्यु भईल कोरोना अस्पताल जनवले बा ।
बहुदरमाई के ४० बरीस के पुरुष मे बैशाख १३ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । संक्रमण के बाद उ होम आइसोलेसन वैशाख १९ गते स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद कोरोना अस्पताल भर्ना भईल रहलन । बियफे के सँझिया ५ः३० बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।
वीरगंज–२८ के ६१ बरीस के पुरुष बियफे के दिने हि बाबा होटल कोरोना अस्पतालमा भर्ना भईल रहे । उहे दिन कईल पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । ईलाज के समय मे सँझिया साढे ६ बजे उनकर मृत्यु भईल रहे ।






