मालपोत कार्यालय पर्सा के निमित्त प्रमुख झा सहित ५ जने पुर्पक्ष के खातिर कारागार चलान

वीरगंज ०१ पुस,

वीरगंज महानगरपालिका–४ स्थित होटल मकालु अगाडि सिटी स्क्यान रहल करोडो दाम के जमिन किर्ते प्रकरण मे ५ जने के पुर्पक्ष के खातिर कारागार चलान कईल बा ।

पर्सा जिल्ला अदालत भूमिसुधार तथा मालपोत कार्यालय पर्सा के निमित्त कार्यालय प्रमुख सुमन झा सहित ५ जने के पुर्पक्ष के खातिर थुना मे पठावे के आदेश देहले बा ।

बुध के दिने पर्सा जिल्ला अदालत के न्यायाधीश हरिकृष्ण श्रेष्ठ के इजलास से किर्ते करके जमिन नामसारी कईल आरोप मे पकडाईल मालपोत प्रमुख झा, नायब सुब्बा श्रीनारायणप्रसाद साह, किर्ते जमिन प्रकरण के मुख्य अभियुक्त केवलप्रताप राणा, जमिन कारोबारी विश्वास तिवारी आ लेखनदास प्रमेश साह कानु के पुर्पक्ष के खातिर थुना मे राखेके आदेश देहले बानी ।

लेखनदास अमर साह कानु १ लाख धरौटी मे रिहा भईल अदालत के श्रेस्तेदार कृष्ण अधिकारी जानकारी देहनी ।

बितल बियफे के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा किर्ते जमिन प्रकरण मे संलग्न रहल आरोप मे व्यवसायी गिरधारीलाल अग्रवाल सहित सात जने के पकडले रहे ।

१७ जने विरुद्ध मुद्दा चलावे खातिर आरोपपत्र तईयार करके जिल्ला न्यायाधीवक्ता के कार्यालय मे पठवले रहे । माकिर जिल्ला न्यायधीवक्ता के कार्यालय अग्रवाल के बियफे के दिने हि उन्मुक्ति देहले बा ।

पुलीस प्रतिवेदन मे अग्रवाल के कारबाही के दायरा मे ना राखला से मुद्दा मुल्तबी रहेवाला किसिम से तत्काल कारबाही प्रक्रिया अगाडि ना बढावल दावी न्यायधीवक्ता के बा । मुद्दा प्रक्रिया अगाडि ना बढला के बाद अग्रवाल रिहा भइल बाडन । अग्रवाल के पुलीस अगहन १८ गते पकडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।