टीकापुर घटना : उच्च अदालतद्वारा रेशम चौधरी सहित ८ जने के जन्मकैद के फैसला

डोटी ३ पुस,
पाँच बरीस पहिले ९ जने के ज्यान जाएवाला किसिम से कैलाली के टीकापुर मे भईल घटना मे उच्च अदालत दिपायल रेशम चौधरी सहित ८ जने के जन्मकैद के फैसला सुनवले बा ।
बियफे के दिने उच्च अदालत दिपायल के न्यायाधीसद्वय टेकनारायण कुँवर आ सीताराम मण्डल के संयुक्त इजलास उ फैसला सुनवले बा ।
उच्च अदालत थरुहट आन्दोलन के नेता लक्ष्मण थारु के भी जन्मकैद के फैसला सुनवले बा । एहितरे जिल्ला अदालत कैलाली थारू के तीन बरीस के सजाय सुनवले रहे ।
उ तीन बरीस से बेसी पुर्पक्ष मे रहला से जिल्ला अदालत के फैसला के बाद छुटल रहे । उच्च अदालत कैलाली क्षेत्र नम्बर १ से निर्वाचित संघीय सांसद रेशम चौधरीसहित सात जने के फैसला सदर कईल उच्च अदालत के रजिष्ट्रार सीता रेग्मी जानकारी देहनी ।
जन्मकैद के सजाय होखेवाला मे लक्ष्मणसहित रेशम चौधरी, हरिनारायण चौधरी, प्रदीप चौधरी, वीरबहादुर चौधरी, राजेश चौधरी, सीताराम चौधरी आ गंगाराम चौधरी बाडन ।
उ घटना मे कैलाली जिल्ला अदालत के तत्कालीन न्यायाधीश पर्शुराम भट्टराई के इजलास से २०७५ फागुन २२ गते रेशम सहित १० जने के जन्मकैद (२० बरीस) के फैसला सुनवले रहे । घटना मे संलग्न कहल श्रवण चौधरी नाबालक भईला से उनका के आधा कैद भा १० बरीस मात्र कैद के फैसला भईल रहे ।
लक्ष्मण थारु, लाहुराम चौधरी, रामकुमार कठरिया, सन्तकुमार चौधरी, विश्राम कहेवाला जीत बहादुर डँगौरा, प्रेम बहाखुर चौधरी, किसनलाल चौधरी, रामप्रसाद चौधरी, दिलबहादुर चौधरी, संगम कहेवाला सन्तोष थारु (चौधरी), विश्राम चौधरी आ चुन्नीराम चौधरी के तीन बरीस के कैद सजाय भईल रहे ।
२०७२ साल भादो ७ गते टीकापुर घटना मे ८ जने सुरक्षाकर्मी आ एक नाबालक के ज्यान गईल रहे । जिल्ला अदालत के उ फैसला मे चित्त ना बुझल कहत जन्मकैद के सजाय मिलल रेशम चौधरी सहित के ११ जने उच्च अदालत दिपायल मे २०७६ साल के वैशाख मे पुनरावेदन पडल रहे ।
प्रतिवादी रेशमलाल चौधरी सहित के ओरी से अधिवक्ता गम्भीर सिँह ऐर, गजेन्द्र बहादुर केसी, गंगाराम पाध्याय, नाथुराम महतो आ काठमाण्डु से आईल २ जने करके ६ जने अधिवक्ता बहस कईले रहलन ।
मुद्दा मे वादी के ओरी से वरिष्ठ अघिवक्ता राजेन्द्र सिँह साउद, अधिवक्ता विष्णु भट्ट, सरकारी वकिल टेकबहादुर थापा सहित के तीन जने करके पाँच जने बहस कईले रहलन ।






