सशस्त्र पुलीस लागु औषध चरेश बरामद कईलख

पोखरिया २९ माघ,
सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोष्ट भिस्वा बंजारी पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं १ भलुवहिया से बितल रात लागु औषध चरेस बरामद कईले बा ।
सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोस्ट भिस्वा बंजारी के सशस्त्र प्रहरी नायब निरिक्षक ईन्द्रनारायण चौधरी के नेतृत्व मे रहल टोली तीन किलो २ सय ग्राम लागुऔषध चरेस बरामद कईले बा । नेपाल के मुडली से चरेस के खेप लेके भारत ओरी लेजा रहल सूचना के अधार मे सशस्त्र पुलीस ३ पोका मे रहल उ चरेस छिपहरमाई गाँवपालिका–१ ओरिया खोला लगे भलुवहिया से बरामद कईले बा ।
पुलीस के देखते मातर तस्कर उ चरेस के पोका बिग के भागल रहलन । बराम्मद भईल चरेस ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक हरिपराजुली बतवनी ।






