श्रीराम चिनी उद्योग पहिलका चरण मे किसान के खाता मे डललख १६ करोड ४४ लाख

रौतहट ४ पुस

रौतहट स्थित श्रीराम चिनी उद्योग किसान के खाता मे पईसा पठावल शुरु कईले बा । उ शुक के दिने ५ हजार ३ सय जने किसान के खाता मे रोपेया पठवले बा ।

उ चिनी मिल के सन्चालक विशाल अग्रवाल सहित तीन जने विरुद्ध ठगी मुद्दा मे पक्राउ आदेश जारी भईला के बाद उद्योग भुक्तानी देहल शुरु कईले बा ।

शुक के दिने श्रीराम चिनी उद्योग १६ करोड ४४ लाख रकम ५५ सय किसान के खाता मे डालल जानकारी आईल प्रदेश २ के प्रहरी प्रमुख डिआइजी धिरज प्रताप सिंह जानकारी देहनी । ‘चिनी उद्योगी क्रमशः सभी किसान के खाता मे बक्यौता रकम डालेके बतवले बा,’ कहत उ, ‘हमनी निगरानी कर रहल बानी ।’

किसान खुदसब के ४१ करोड बक्यौता बाँकी रहल आ उद्योग ३५ करोड देवेके मात्र बाँकी रहल बता रहल जनावत डिआइजी सिंह सम्पूर्ण हिसाब फर्छ्योट ना होखे तक खुदसब निगरानी करत रहेके बतवनी ।

‘अन्नपूर्ण के सन्चालक के खोजी हो रहल बा’

डिआइजी सिंह सर्लाहीस्थित अन्नपूर्ण चिनी उद्योग के संचालक राकेश अग्रवालविरुद्ध भी पक्राउ पूर्जी जारी भईला से उनकर खोजी भी शुरु कईल बतवनी । ‘हमनी उनकर खोजी तदारुकता के साथ कर रहल बानी,’ कहके बतवनी ।

उखु किसान के १७ करोड राकेश अग्रवाल के तिरेके बाँकी बा । किसान बितल बुधक के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय, सर्लाही मे जाहेरी देहला के बाद अग्रवाल विरुद्ध पक्राउ पूर्जी आदेश जारी कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।