आजपा अध्यक्ष प्रभु साह न्याय के खातिर संघर्षरत आरती साह के आन्दोलन मे जनवलें ऐक्यबद्धता

काठमाण्डु ७ कुवार
आम जनता पार्टी (आजपा) के अध्यक्ष एवं पूर्वमन्त्री प्रभु साह न्याय के माग करत संघर्ष कर रहल आरती साह के परिवार से भेट कईले बाडन ।
काठमाण्डु के माईतिघर मे न्याय के माग करत संघर्ष कर रहल आरती साह के परिवार से आजु भेट करत अध्यक्ष साह उलोग के आन्दोलन मे ऐक्यबद्धता जनवले बाडन । जलदी से जलदी आरती के परिवार के न्याय देवेके कहत उ सरकार एतना दिन तक कउनो सुनुवाई ना कईला मे दुःख व्यक्त कईले रहनी ।
वितल एक सय एक दिन से आरती के परिवार के न्याय के माग करत संघर्ष कर रहल बा । माकिर सय मिटर के दुरी मे रहल संघीय सरकार उलोग के माग अभी भी सुनुवाई कईले नईखे । संघीय सरकार सञ्चालन होखेवाला सिंहदरबार के बगल मे रहल माईतीघर मे उलोग आन्दोलन करत आईल बाडन ।
‘अनवरत १०१ दिन से न्याय के ईन्तजार मे संघर्षरत रहल आरती साह के परिवारजन से आजु भेट करके उलोग के माग उपर ऐक्यबद्धता व्यक्त करत देश के मुटु (केन्द्र) राजधानी मे आके एतना समय तक संघर्ष कईला पर भी राज्य बेखबर जईसन कान मे तेल डालके सुत रहल रवैया उपर चिन्ता व्यक्त करत पीडित के कानुन बमोजिम शिघ्र न्याय के प्रत्याभूति करावे खातिर नेपाल सरकार गृह प्रशासन से माग करत बानी’ आजपा अध्यक्ष साह कहनी ।
आजपा अध्यक्ष साह सँगे उपमहासचिव एवं मधेस प्रदेश के पूर्वसांसद कुन्दन कुशवाह लगायत के नेतालोग माईतीघर मे पुगल आजपा नेता बालकृष्ण सापकोटा बतवनी । उ देश के संघीय राजधानी मे अईसे न्याय के याचना कईला पर भी सरकार कान मे तेल डालके सुतेवाला रवैया ठिक ना रहल बतवनी । उ पीडित परिवार के जलदी से जलदी न्याय के प्रत्याभूति करावे खातिर नेपाल सरकार गृह प्रशासन से माग कईनी ।






