सप्तरी मे अपने पार्टी के कार्यकर्ता जरवलें प्रधानमन्त्री के पुत्ला

सप्तरी ५ पुस

सप्तरी मे सत्तारुढ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के नेता तथा कार्यकर्तालोग प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुत्ला जरवले बाडन ।

संसद विघटन कईल विरोध मे सदरमुकाम राजविराज मे नेकपा के नेता तथा कार्यकर्तालोग प्रधानमन्त्री ओली के पुत्ला जरवले बाडन । संसद विघटन करके ओली असंवैधानिक कदम चालल उलोग के कहनाम रहे ।

उलोग राजविराज के मदन चोकस्थित नेकपा पार्टी कार्यालय से विरोध प्रदर्शन सुरु कईले रहलन । जनआन्दोलन चोक मे पुग के उलोग प्रधानमन्त्री ओली के पुत्ला जरवले रहलन ।

पुत्ला जरईला के बाद आयोजित कोणसभा मे बोलत नेतालोग ओली असंवैधानिक कदम चाल के निरंकुशता लादेके खोजल कहत आन्दोलन के विकल्प ना भईल बतवले रहलन ।

जिल्ला इन्चार्ज एवं केन्द्रीय सदस्य रामप्रित पासवान, जिल्ला अध्यक्ष अशोककुमार मण्डल, जिल्ला सचिव एवं प्रदेश सांसद गोविन्द न्यौपाने, पूर्वमन्त्री उमेश यादव, नेतालोग महेशप्रसाद यादव लगायत के लोग ओली के कदमविरुद्ध निरन्तर आन्दोलन करेके चेतावनी देहले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।