वीरगंज महानगर के ग्रामीण भेग मे लोसपा के लहर

वीरगंज १२ फागुन
लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी नेपाल वीरगंज वार्ड नं २६ के वार्ड स्तरिय भेला आजु सुगौलि मे पुरा भईल बा ।
महानगर अध्यक्ष ओमप्रकाश सरार्फ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे बरिष्ठ नेता एवं अधिवक्ता सुरेन्द्र कुर्मी वर्तमान राजनिती परिस्थिती के देखल जाँव त लोसपा बाहेक के दोसर विकल्प ना रहल बतवले बाडन । मधेशवाद के नाम मे राजनिती करेवाला के फेनु मधेशी के नाम मे मुद्दा बानाके समाज मे भ्रम फईलावे लागल अब उ भ्रष्ट नेतालोग के पहिचान कईल जरुरी रहल बतवनी ।
भेला मे प्रमुख अतिथि प्रदेश सांसद रमेश कुर्मी, जिल्ला अध्यक्ष पुरुषोतमलाल झा, नेतालोग शशि कपुर मिया, रम्भा मिश्र, राजनरायण मिश्रा, शिव शंकर द्विवेदी, स्याम तिवारी, नगर उपाध्यक्ष शेख फिरोज, सदस्यलोग बिरेन्द्र साह, दिपक पटेल, लालबबु पटेल, उषा श्रीवास्तव, महिला नगर अध्यक्ष अन्जना गुप्ता लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम के सहजीकरण नगर सचिव बिकाश चौधरी कईले रहनी ।
भेला से स्थनिय नेता ध्रुव प्रसाद पटेल के अध्यक्षता मे ३१ सदस्यीय वार्ड एकाई कमिटि गठन भईल बा ।






