प्रम ओली के असंवैधानिक कदम उपर नेकपा पर्सा के आपत्ति

वीरगंज ०६ पुस

नेपाल कम्युष्टि पार्टी (नेकपा) पर्सा आजु एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी करके प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से चालल असंवैधानिक कदम उपर आपत्ति जनवले बा ।

पार्टी के केन्द्रिय सदस्य एवं पर्सा जिल्ला ईन्चार्ज रामचन्द्र साह आ जिल्ला सचिव विजय महतो संयुक्त रुप मे हस्ताक्षर कईल उ विज्ञप्ति मे मिति २०७७ पुस ५ गते नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष तथा प्रधानमन्त्री के.पी.शर्मा ओली पार्टी के केन्द्रीय आन्तरिक विवाद के पार्टीगत तह मे हि समाधान करेके स्थापित मान्यता के भी कुल्चत गईल आरोप लगावल गईल बा ।

नेपाली कम्युनिष्ट आन्दोलन के समाप्त करेवाला किसिम से पार्टी बईठक मे भईल निर्णयसब के अवज्ञा करत पार्टी से आदमी बडका कहके मान्यता लेके आपन उपस्थिति मे भईल निर्णय मे हस्ताक्षर कईल मसी सुखे से पहिले ओकर उल्लंघन करेके भईल काम उपर विज्ञप्ति मार्फत घोर निन्दा कईल बा ।

देश के जनता के आगाध आस्था आ लाखो कार्यकर्तालोग के भावना उपर गम्भीर आघात पुगावेवाला किसिम से देश के प्रतिनिधिसभा विघटन करेके असंवैधानिक तथा अलोकतान्त्रिक कदम के नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) पर्सा जिल्ला घोर निन्दा आ भत्र्सना करत बा कहके विज्ञप्ति मे उल्लेख कईल बा ।

साथे संविधान विपरित, गणतन्त्र विरोधी तथा लोकतान्त्रिक मान्यता विपरित चालल अईसन कुटिल चाल उपर पार्टी के नेता, कार्यकर्ता, समर्थक, तथा शुभचिन्तकलोग के सचेत रहे खातिर निहोरा करत अईसन राष्ट्र विरोधी, जनविरोधी, गणतन्त्र विरोधी कदम के विरुद्ध चालेवाला सभी किसिम के आन्दोलन उपर सभी गणतान्त्रिक, देशभक्त तथा लोकतान्त्रिक शक्तिसब के एकजुट होखे खातिर आह्वान भी कईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।