कलैया ४ मे निःशुल्क दवाई देहल जारहल

प्रभु यादव
बारा ०६ पुस
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ४ के आधारभुत स्वास्थ्य केन्द्र मे आवश्यक दवाई निःशुल्क देहल जारहल बा । वार्ड के जनता सभे के माग कईल बमोजिम स्वास्थ्य सेवा के ध्यान मे राख कर के निःशुल्क मे चिनी विमारी, हाई ब्लड प्रेसर, प्रशुती भईल जनानी लोग के खातिर क्याल्सियम दवाई साथे सभे जनानी दिदि बहिन खातिर सेनेटरी प्याड देहल जारहल वार्ड अध्यक्ष जटाशंकर सहनी मिश्री जनकारी करावले बानी ।
वार्ड अध्यक्ष स्वास्थ योजना अनर्गत आधारभुत स्वास्थ्य चौकी से मंगर के दिन से दवाई आ सेनेटरी प्याड निःशुल्क बितरण कईल जारहल वार्ड अध्यक्ष सहनी जनकारी करावले बानी । दवाई के निःशुल्क वितरण सुरूवात करावत वार्ड के सभे जनता के आ आपन पहिचान खुलेवाला प्रमाण सहित वार्ड के कलैया गाँव बह्रम स्थान से उतर जाएवाला रास्ता मे रहल आधारभुत स्वास्थ्य केन्द्र मे सम्पर्क कर के दवाई लेवे के अध्यक्ष सहनी निहोरा कईले बानी ।
निःशुल्क दवाई लेके सेवन करत आ–आपन स्वास्थ्य मे खयाल करत स्वस्थ्य जीवन वितावे मे गरिब असहाय सभे के विशेष सहजोग पुगे के आपन विश्वास रहल अध्यक्ष सहनी जनकारी करावले रहनी ।






