सडक आ पूर्वाधार विकास हमर प्रमुख एजेण्डा ह : सांसद् यादव

वीरगंज ०७ पुस
वीरगंज महानगरपालिका के ग्रामिण भेग के वीरगंज–पथलैया हाइवे से जोडेवाला कच्ची सडक के निर्माण काम पुरा भईल बा ।
पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव के पहल मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३२ चोर्नी मे पडेवाला १२ सय मिटर लम्हर सडक बनल बा ।
तत्कालिन संघ सरकार के शहरी विकासमन्त्री ईस्तियाक राई से प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव से पहल करके लियावल ४ करोड बजेट से नाला के साथे सडक ढलान भईल बा ।
ढलान सडक आ नाला के आजु एगो कार्जक्रम के बीच जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय सदस्य भी रहल सांसद् यादव उदघाटन कईले बानी । सांसद यादव उहे जगहा मे १६ मिटर लम्हर टावर लाइट के भी उदघाटन कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि सांसद यादव सडक निर्माण सँगे वीरगंज महानगरपालिका के ग्रामिण भेग के जनता के बजार तक के पहुँच सहज भईल बतवनी । उ सडक से समृद्धि लियावे के बतावत आपन प्रमुख एजेण्डा मे सडक लगायत जरुरी भौतिक पूर्वाधार विकास रहल बतवनी ।
सांसद् यादव वितल दिनसब मे पर्सा जिल्ला से निर्वाचित जनप्रतिनिधिलोग विकास मे कन्जुस्याई कईल आरोप लगावत अब ओईसन कभो ना होखेके आश्वासन देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे वरिष्ठ उद्योगपति एवम् शुभ श्री जगदम्बा सिमेन्ट मिल्स प्रालि के निर्देशक राजेश अग्रवाल, त्रिवेणी समूह के प्रवन्धक निर्देशक दिनेश खण्डेवाल, जनता सामाजवादी पार्टी के जिल्ला उपाध्यक्ष बासुदेव यादव, नगर अध्यक्ष इश्वर यादव, स्थानीय नेता रमशिस कुमार, युवा नेता कुन्दन कुर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





