धनुषा मे दिन के २ बजे तक दोकान खोलेके मिली

जनकपुरधाम २१ भादो

धनुषा मे निषेधाज्ञा सहज बनाके दिन के २ बजे तक दोकान खोले देहल गईल बा ।

जिल्ला सुरक्षा समिति के एतवार के दिने बईठल बईठक से सबेरे से दिन के २ बजे तक दोकान खोलेवाला किसिम से एक हप्ता के खातिर निषेधाज्ञा के म्याद थप करेके निर्णय कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेम प्रसाद भट्टराई जानकारी देहनी ।

जिल्ला मे निषेधाज्ञा भादो २८ गते रात १२ बजे तक के खातिर थप कईल बा ।

यद्यपी ई समय मे दिन के २ बजे तक दोकान खोले सकेके उ बतवनी । व्यापार व्यवसाय कईला पर स्वास्थ्य सावधानी के उपाय अपनावेके पडि ।

एकरा से पहिले भादो १४ गते बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से भादो २१ गते तक दुपहरिया १२ बजे तक मात्र दोकान खोलेवाला किसिम से निषेधाज्ञा लगवले रहे ।

कोरोना भाइरस संक्रमण बढत गईला के बाद स्थानीय प्रशासन सावन १९ गते से निषेधाज्ञा के आदेश जारी करत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।