रौतहट के फतुवाविजयपुर नगरपालिका ३९ लाख से बेसी रोपेया विधुत महसुल मे खर्च कईलख

मेवालाल यादव
रौतहट ०७ पुस
रौतहट जिल्ला के फतुवाविजयपुर नगरपालिका विधुत महसुल मे २ महिना मे ३९ लाख से बेसी रोपेया खर्च कईले बा ।
नगरपालिका भितर मे विधुत विल नगरपालिका से तिरेके नगर सभा से निर्णय कईल मुताविक २ महिना मे ५ हजार ८ सय ७८ जने ग्राहक के खपत भईल विधुत के विल तिरले बा ।
चन्द्रनिगाहपुर विधुत शाखा मे २०३ जने ग्राहक के महसुल बुझले बा आ ५ हजार ६ ७५ ग्राहक के बक्यौता रकम मौलापुर विधुत प्रशारण शाखा मे बुझावल गईल नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रमोद गुप्ता जानकारी देहले बानी ।
कातिक महिना मे २९४१ आ अगहन महिना मे २९३७ जने के विल वापत ३९ लाख से बेसी रोपेया भुक्तानी कईल गुप्ता बतवले बानी ।
नगर सभा से विधुत महसुल नगरपालिका से तिरेके कईल निर्णय से नगरपालिका के बजेट दुरुपयोग होखेवाला भईल बा । एक मुस्ट से बुझावल ३९ लाख रोपेया मे विधुत कार्यालय से देवेवाला रिबेट रकम कहाँ गईल कहके सवाल करेके जगहा भी भईल बा ।
बुझावल विधुत महसुल मे नगर प्रमुख गोपाल राय यादव के आपन नातागोता के आदमी रहल समाचार स्रोत जनवले बा ।
निमित्त प्रमुख प्रसश्कीय अधिकृत गुप्ता ५० पाना के नामावली विधुत कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर से उपलव्ध कईला के चलते विवरण उपलव्ध करावे ना सकेके प्रतिक्रिया देहले बाडन । विधुत तिरेके निर्णय नगरपालिका के विभेदपूर्ण रहल स्थानियलोग के कहनाम रहल बा ।
स्थानीय सरकार शिक्षा, स्वास्थ्य, भौतिक पूर्वाधार, पर्यटन प्रवद्र्धन, संस्कृतिक संरक्षण, भाषा के विकास मे बेसी लगानी करे सकेके स्थानीय सरकार संचालन ऐन मे व्यवस्था कईला मे व्यक्ति विकास के नाम मे मेयर विकास के रोपेया दुरुपयोग करे लागल स्थानीय के आरोप रहल बा ।
गरिव असहाय, दलित, सिमान्तकृत वर्ग समुदाय के नगरपालिका के ई स्वार्थ पूर्ण योजना से कउनो लाभ ना होखेके आ सम्पन्न परिवार से बेसी लाभ लेवेवाला भईल बाडन ।
विधुत विल तिरेके निर्णय कृषि के खातिर रहित त सिचाई मे किसानलोग के फायदाजनक होखित कहके स्थानीय संजय यादव बतवनी ।
धनिक परिवार ठण्डी मे हिटर तथा गरिव परिवार से आगी तापेवाला भईला से रोपेया के दुरुपयोग होखेके निश्चित बा । गर्मी मौषम मे धनिक परिवार निर्धक्क रुप मे पंखा चला सकत बाडन ।
शिक्षा तथा स्वास्थ्य के क्षेत्र मे ३९ लाख रोपेया लगानी कईला पर भी बहुते जने घरपरिवार के फायदा होखित माकिर कमिशन आवेके लोभ मे कईल व्यक्ति विकास के निर्णय गलत रहला से एकरा उपर कारवाही होखेके नगरपालिका के स्थानियलोग माग कईले बाडन ।
लईकालइकी पढेवाला सामुदायिक विद्यालय मे एसी तथा पंखा जडान कईला से विद्यार्थीलोग के पढाई लिखाई अवरुद्ध ना होखित ।
निमित्त के भर मे संचालन होत आईल स्थानीयलोग मे निमित प्रमुख प्रसश्कीय अधिकृत तथा लेखापाल आर्थिक रुप मे सशक्त बनला के साथे अकुत सम्पति भी आर्जन करे लागल बाडन ।
लालबकैैैया नदी के बगल मे रहल उ नगरपालिका के लेखा शाखा मे कार्यरत लेखापाल नविन कुमार यादव आर्थिक प्रलोभन मे परके कानुन विपरित काम भी करत आईल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
बितल आर्थिक बरीस मे नगरपालिका से खरिद कईल ५०० ग्यास सिलिन्डर मे अनियमिता भईल बा । एगो गैर सरकारी सस्था के नाम मे ग्यास सिलिन्डर के भुक्तानी कईला से ओकरा उपर छानविन करेके माग उठल बा ।
नगरपालिका के नगर प्रमुख गोपाल राय यादव के फुन करके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर फुन ना उठल । उ नगरपालिका मे एक दर्जन से बेसी कानुनी प्रक्रिया ना पुगाके नियुक्ती कईल शिक्षक तथा कम्प्युटर अपरेटर भी रहल बाडन ।






