लइकी बलात्कार कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

बारा २९ फागुन,
१० बरीस के लइकी के बलात्कार कईल आरोप मे पुलीस बारा मे एक युवक के पकडले बा । जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–७ नदिया टोल के १९ बरीस के करण सहनी के बुध के रात पकडल इलाका प्रहरी कार्यालय जीतपुर सिमरा के प्रहरी नायव उपरीक्षक (डीएसपी) गोविन्द पुरी जानकारी देहनी ।
घटना के बारे मे जानकारी मिलला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय से खटल टोली सहनी के पकडले बा ।
परिवार के सदस्य होली उत्सव मे व्यस्त रहल समय मे करण लइकी के भुलिया के जर्बजस्ती करणी कईल पुलीस बतवले बा ।
आम देहेम कहके करण लइकी के आम के गाछि मे लेजाके जबर्जस्ती करणी कईल प्रारम्भिक अनुसन्धान से खुलल पुलीस स्रोत के कहनाम बा ।
माकिर डीएसपी पुरी भने घटना के अनुसन्धान हो रहल कहत लइकी के स्वास्थ्य परीक्षण रिपोर्ट अईला के बाद मात्र बलात्कार भईल ना भईल कहके बतावे सकेके बतवनी ।
पुलीस सहनी विरुद्ध जबर्जस्ती करणी मुद्दा मे जिल्ला अदालत मे म्याद थप के माग कईले बा ।





