जुवा खेलेवाला ५ जने पुलीस के फन्दा मे

प्रभु यादव
बारा ०७ पुस
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं.४ हजारी मार्केट मे शाह गेष्ट हाउस से जुवा खेलेवाला पाँच जने के पुलीस पकडले बा ।
जुवा खेलेवाला लोग जम्मा होकर के रकम हारजित कर के जुवा के खाल बना के बाजी थाप के जुवा कौडी खेलरहल बिशेष सूचना के आधार मे बुध के रात मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा खटल प्रहरी टोली जुवा खेलनिहार के पकडल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
साह गेष्ट हाउस के घेराबन्दी कर के चेकजाँच कईला पर दु सय दु नम्बर के कोठा मे भितर जुवा कौडी खेलरहल अवस्था मे जुवा खाल से नगद तीन लाख १४ हजार तीन सय ५७ रोपेया आ १६ थान कौडी सहित पकडल प्रवक्ता मिश्रा जनकारी करावले बानी ।
जुवा खेलेवाला कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं.२५ के वरीस ४० के भोला पटेल, वार्ड नं.१ के वरीस ३९ के सुरेन्द्र साह सोनार, वार्ड नं.६ के वरीस ४५ के राजकिशोर साह, वार्ड नं.२७ के वरीस २७ के मन्तोष राउत कुर्मी, आ महागढीमाई न.पा.वार्ड नं.१ के वरीस ५५ के पारस चौधरी के पकड के थप अनुसन्धान करहल बारा प्रहरी कार्यालय जनकारी देहले बा ।






