बारा मे पाँच हजार आठ सय हेक्टर मे मकई खेती

बारा मे पाँच हजार आठ सय हेक्टर मे मकई खेती

बारा २७ अगहन

बारा मे ई बरीस पाँच हजार आठ सय ६० हेक्टर क्षेत्रफल मे मकई खेती भईल कृषि ज्ञान केन्द्र जनवले बा । खाद्यान्य बाली मे मकई बाली तिसरका जगहा मे रहला से हउँदे, वर्षे आ वसन्ते करके तीन किसिम के बाली लगावेवाला किसिम से कईल केन्द्र के प्रमुख जीतेन्द्र यादव जानकारी देहनी ।

तीन किसिम के बाली लगावे सकेके भईला से किसान के एकरा ओरी आकर्षण बढल उनकर कहनाम रहे । मकई बाली मे हिउँदे आ वसन्ते सिञ्चित क्षेत्र मे आ वर्षे कम सिञ्चित क्षेत्र मे खेती होखेवाला केन्द्र के बाली संरक्षण अधिकृत राजनारायण प्रसाद साह बतवनी । मकई व्यापारी किसान के घर, खेत से खरिद कईला से बजार के समस्या ना भईल किसान बतावेलन ।

बितल बरीस अनेकन जात के हिउँदे मकई पाँच हजार आठ सय ५० हेक्टर क्षेत्रफल मे खेती कईला पर ३७ हजार चार सय ४० मेट्रिकटन मकई उत्पादन भईल केन्द्र के कृषिप्रसार अधिकृत रामजीवन ठाकुर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।