वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ नेउवामहासङ्घ के पदाधिकारी के स्वागत तथा सम्मान कईलख

वीरगंज ०७ पुस
वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ आजु एगो समारोह के बीच नेपाल उद्योग वाणिज्य महासङ्घ के नवनिर्वाचित पदाधिकारी तथा कार्यकारिणी समिति सदस्यलोग के स्वागत तथा सम्मान कईले बा ।
वीउवासङ्घ के अध्यक्ष गोपाल केडिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेउवामहासङ्घ के अध्यक्ष शेखर गोल्छा, वरिष्ठ उपाध्यक्ष चन्द्रप्रसाद ढकाल, जिल्ला नगर उद्योग वाणिज्य सङ्घ उपाध्यक्ष दिनेश श्रेष्ठ, एशोसिएट्स समूह से निर्वाचित उपाध्यक्ष रामचन्द्र संघई तथा कार्यकारिणी समिति सदस्यलोग अरुणराज सुमार्गी, डी.बी. बस्नेत तथा विजय साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
नेउवामहासङ्घ के अध्यक्ष शेखर गोल्छा निजीक्षेत्र के साझा समस्यालोग के सम्बोधन करेके रास्ता मे काल्हु से आउर बेसी प्रभावकारी तरिका से अगाडि बढेके बतावत महासङ्घ के नयाँ तरिका से परिभाषित करेके उद्देश्य मुताविक हमनी नेतृत्व मे अईला के बाद हरेक दिन २ बजे महासङ्घ के अध्यक्ष तथा पदाधिकारीलोग नियमित रुप से महासङ्घ मे आपन सेवा प्रवाह करेके व्यवस्था मिलावल गईल बतवले बानी ।
वीउवासङ्घ के अध्यक्ष गोपाल केडिया स्वागत मन्तव्य राखत देश के सामु विद्यमान आर्थिक, उद्योग, व्यापार, व्यवसाय, बैंक, वित्तीय संस्था, कर, राजस्व तथा निजी क्षेत्र से प्रत्यक्ष आ परोक्ष रुप मे सरोकार राखेवाला आर्थिक मुद्दासब के चाङ्ग हि लागल बा ।
उ मुद्दासब मे हमनी मोफसल के उद्यमी, व्यवसायीलोग के स्थानीय समस्या आ सरोकार भी उहें कहुं कउनो फाईल मे धुरा खाके रहल कहत असन्तुष्टि जनवले रहनी ।
कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय सरावगी वीरगंज महानगरपालिका पर्सेली अर्थकर्मीलोग के खातिर विशेष योजना लियावल बतावत महानगरपालिका के ओरी से मेयर सरावगी नेउवामहासङ्घ के पदाधिकारी तथा कार्यकारिणी समिति सदस्यलोग के खादा तथा पुष्पगुच्छा से सम्मान कईले रहनी ।
नेउवामहासङ्घ के कार्यकारिणी समिति मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ के बहालवाला अध्यक्ष गोपाल केडिया तथा वरिष्ठ उपाध्यक्ष सुबोध गुप्ता भी निर्वाचित भईल बानी । वीउवासङ्घ के वरिष्ठ उपाध्याक्ष सुवोध गुप्ता कार्जक्रम के अन्त्य मे धन्यवाद ज्ञापन कईले रहनी ।






