बारा मे मोटरसाइकल दुर्घटना, एक जने के मृत्यु

बारा २६ सावन,
बारा मे मोटरसाइकल दुर्घटना भईला पर एक जने के मृत्यु भईल बा ।
पुलीस के मुताविक मृतक के पहिचान खुले सकल नइखे । सोमार के सबेरे भईल दुर्घटना मे अन्दाजी ३२÷३३ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
हुलाकी राजमार्ग अन्तर्गत पचरौता नगरपालिका–८ स्थित जोरा खोला के पुल मे मोटरसाइकल ठोका के दुर्घटना भईल पुलीस जनवले बा । दुर्घटना के बारे मे सबेरे ६ः२० बजे स्थानीय पुलीस के खबर कईले रहलन ।
घटनास्थल मे ना ३४ प ३४०० नम्बर के स्पलेन्डर मोटरसइकल क्षति ग्रस्त अवस्था मे मिलला से मोटरसाइकल दुर्घटना से उनकर मृत्यु भईल हो सकेके पुलीस जनवले बा ।
घटनास्थल जाँच मुचुल्का के बाद लास पोष्टमार्टम के खातिर कलैया लेगईल बा ।
तेजी मे चलईला के चलते मोटरसाइकल पुल मे ठोकाके दुर्घटना भईल हो सकेके बारा के पुलीस प्रवक्ता एवं प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
‘जोरा खोला के पुल के निचे लास मिलल बा, मोटरसाइकल के अगाडि के भाग मे नोक्सानी पुगल बा । मोटरसाइकल पुल मे ठोकाके उ निचे गिरल हो सकता,’ कहत उ, ‘मृतक के पहिचान खुले सकल नइखे ।
घटनास्थल मे मोबाइल भी बरामद भईल बा ।’
यातायत कार्यालय से मोटरसाइकल के विवरण मगाके अनुसन्धान सुरु कईल उ बतवनी ।





