संसद विघटन बिरुद्ध रौतहट मे जसपा के प्रदर्शन

मेवालाल यादव
रौतहट ०८ पुस
प्रतिनिधी सभा विघटन के विरुद्ध मे रौतहट के सदरमुकाम गौर मे जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।
जसपा के केन्द्रिय कमिटिद्वारा घोषित आन्दोलन के कार्जक्रम अन्तर्गत रौतहट के सदरमुकाम गौर मे भी संसद विघटन बिरुद्ध प्रदर्शन भईल बा ।
गौर के विपी चोक से निकलल बिरोध जुलुश गौर अस्पताल, जिल्ला आदालत, गौर भन्सार पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।
विरोध जुलुश मे सहभागि जसपा के नेता तथा कार्यकर्तालोग असंवैधानिक आ अलोकतान्त्रिक कदम खारेज कर, वीर सहिद अमर रहस, निरंकुश प्रधानमन्त्री मूर्दावाद, संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र जिन्दावाद, सांसद रेशम चौधरी लगायत के राजबन्दीलोग रिहा कर, झूठा मुद्दा खारेज कर, जसपा नेपाल जिन्दावाद लगायत के नारा सहित प्रदर्शन कईले रहलन ।
कोण सभा मे बोलेवाला वक्तालोग असंबैधानिक आ अलोकतान्त्रिक तरिका से संसद विघटन कईला से पुर्नस्थापना के माग कईले रहलन ।
लम्हर समय के संघर्ष आ कैयन बेर के आन्दोलन से बलिदानी देके जनता से लियावल लोकतन्त्र आ संविधान उपर प्रधानमन्त्री ओली के प्रहार कभो भी सहन होखे ना सकेके बक्तालोग के कहनाम रहे ।
प्रदर्शन कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य रामकिशोर राय यादव, बाबुलाल साह, गौर नगरपालिका के नगर प्रमुख अजय कुमार गाुप्ता, बौधीमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख राजिव रंजन यादव, देवाही गोनाही नगरपालिका के नगर प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल, जसपा नेता रेवन्त झा, अनिल कुमार सिंह, अमरुल हक, श्याम बिहारी यादव, शोभा साह, राधा साह, प्रकाश भाई मधेशीया, ललन यादव, ओमप्रकाश साह लगायत सयो नेता तथा कायकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।






