जसपा कईलक कलैया मे विरोध प्रदर्शन

प्रभु यादव

बारा ०८ पुस

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से संसद विघटन कईल जवना के विरोध मे जनता समाजवादी पार्टी से देशव्यापी आन्दोलन के घोषणा कईले बा ।

केन्द्रिय कार्यालय के निर्णय बमोजिम जसपा से बुध के दिने बारा के सदरमुकाम कलैया मे विरोध प्रदर्शन कईल गईल बा ।

सिद्धेश्वर संस्कृत माध्यमिक विद्यालय से सुरु भईल विरोध जुलुस नगर परिक्रमा कर के भरत चोक मे कोणसभा कईले रहलन ।

प्रदर्शन मे जसपा के नेता लोग संसद विघटन असंवैधानिक भईल प्रतिनिधि सभा विघटन खारेज होखे के परल माग सहित नाराबाजी कईले रहलन ।

राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के कदम असंवैधानिक भईला से संसद पुनर्स्थापना ना होई तब तक आन्दोलन करते रहे के प्रतिबद्धता समेत नेता कर्याकर्ता सब कईले बाडन ।

जसपा के विहान कमिटि के बईठक बईठ के आन्दोलन के कार्जक्रम तय कर के आ प्रधानमन्त्री अउरी राष्ट्रपति के पुत्लादहन सहित के संघर्ष करे के प्रेस विज्ञप्ति जारी कर के जानकारी करावले बानी ।

विरोध कार्जक्रम मे जसपा नेता तथा बिघटित प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु यादव, राजकिशोर यादव, सुशिल यादव, अजय पटेल, संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, प्रदेश सभा सदस्य पारस साह, श्रद्धाशंकर जैसवाल, पचरौता नगरपालिका के मेयर रमेश यादव, जिल्ला समन्वय समिति बारा के उप–संयोजक पवन व्याहुत लगायत के पार्टी के नेता तथा कार्यकर्ता सब लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।